आईपीएल के पूर्व प्रशासक ललित मोदी के बड़ झटका लागल बा। दरअसल, वानुअतु देस के प्रधानमंत्री ललित मोदी के पासपोर्ट रद्द करे के आदेस देले बाड़ें। ललित मोदी के लगे वानुअतु के नागरिकता बा। गौर करे वाला बात बा कि ललित मोदी हाले में भारत के नागरिकता छोड़े खातिर आवेदन कइले रहस। भारतीय बिदेस मंत्रालय के प्रवक्ता रणधीर जायसवाल सुक के बतवलें कि सुक के बतवलें कि ‘ललित मोदी लंदन इस्थित भारतीय उच्चायोग में आपन भारतीय पासपोर्ट सरेंडर करे खातिर आवेदन कइले रहस।’ जायसवाल ने बताया कि ‘हमें पता चला है कि उनके पास वानुअतु की नागरिकता है। हम कानून के मुताबिक उनके खिलाफ कार्रवाई जारी रखेंगे।’
वानुअतु में नागरिकता पावे खातिर करे के होला निवेश
वानुअतु दक्षिणी प्रशांत महासागर में इस्थित एगो द्वीपीय देस बा। एह द्वीपीय राष्ट्र के कुल आबादी मात्र 3 लाख बा। वानुअतु के साल 1980 में फ्रांस आ ब्रिटेन से आजादी मिलल रहे। वानुअतु निवेश कार्यक्रम के तहत दुनियाभर के लोगन के नागरिकता देवे के सुविधा देला। मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार, वानुअतु में नागरिकता पावे के न्यूनतम लागत 1.55 लाख डॉलर बा। वानुअतु में निवेश के बदले मात्र 30-60 दिनन में उहां के नागरिकता मिल जात बा। मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार, वानुअतु के कुल राजस्व में नागरिकता के बदले मिलल राजस्व के हिस्सेदारी 30 फीसदी बा। गौर करे वाला बात बा कि दुनिया के सबसे ताकतवर पासपोर्ट वाला देसन में भारत के स्थान 80वां बा, जबकि छोट देस वानुअतु एह सूची में 51वां स्थान रखत बा आ ई सऊदी अरब आ चीन से आगे बा। वानुअतु के पासपोर्ट से दुनिया के 113 देसन में वीजा मुक्त एंट्री मिल सकत बा।
ललित मोदी पs मनी लॉन्ड्रिंग के बा आरोप
ललित मोदी आईपीएल के पूर्व चेयरमैन रहल बाड़ें आ उनका के आईपीएल के सफलता के मुख्य रणनीतिकार मानल जाला। हालांकि साल 2009 में आईपीएल के टीवी अधिकारन के 425 करोड़ रुपिया के समझौता में नियमन के उल्लंघन करे के आरोप में उनका खिलाफ जांच चल रहल बा। मई 2010 में ललित मोदी लंदन भाग गइल रहस। एकरा बाद उनका के बीसीसीआई बर्खास्त कs देले रहे। ललित मोदी पs टीमन के नीलामी में फर्जीवाड़ा करे के आरोप बा। एकरा पs बीसीसीआई ललित मोदी के खिलाफ जांच कइलस आ दोषी पावल गइला के बाद उनका के साल 2013 में आजीवन प्रतिबंधित कs दिहल गइल रहे। साल 2015 में ललित मोदी के मनी लॉन्ड्रिंग ममिला में कथित संलिप्तता के आरोप में गैर जमानती वारंट जारी भइल रहे।