CT 2025 Final: पुरस्कार समारोह में गायब रहल मेजबान पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड के अधिकारी, भइल विवाद; अख्तर भड़कलें

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 10, 2025

स्पाेर्ट्स डेस्क : चैंपियंस ट्रॉफी फाइनल के समापन समारोह में दुबई में पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड के अधिकारियन के मंच पs आईसीसी के ओर से ना बोलावल गइला से अतवार के विवाद पैदा हो गइल। एगो

Share

CT 2025 Final: पुरस्कार समारोह में गायब रहल मेजबान पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड के अधिकारी, भइल विवाद; अख्तर भड़कलें

स्पाेर्ट्स डेस्क : चैंपियंस ट्रॉफी फाइनल के समापन समारोह में दुबई में पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड के अधिकारियन के मंच पs आईसीसी के ओर से ना बोलावल गइला से अतवार के विवाद पैदा हो गइल। एगो सूत्र कहलस कि पीसीबी के मुख्य कार्यकारी अधिकारी सुमैर अहमद मैदान में मवजूद रहलें, बाकिर उनका के समारोह में ना बोलावल गइल। ऊ टूर्नामेंट के निदेशको हवे।

पीसीबी अध्यक्ष मोहसिन नकवी दुबई ना जा सकलें

सूत्र कहलस, ‘पीसीबी अध्यक्ष मोहसिन नकवी दुबई ना जा सकलें काहेकि बतौर गृहमंत्री उनका कुछ काम रहे, बाकिर पीसीबी के सीईओ के फाइनल आ पुरस्कार वितरण में पाकिस्तान के नुमाइंदगी करे के भेजल गइल रहे।’ ऊ कहलें कि कवनो कारण से भा गलतफहमी के वजह से उनका के मंच पs ना बोलावल गइल रहे, जहां से आईसीसी अध्यक्ष जय शाह, बीसीसीआई अध्यक्ष रोजर बिन्नी आ सचिव देवजीत सैकिया पदक, ट्रॉफी आ खिलाड़ियन के जैकेट दिहल लो। मेजबान पाकिस्तान के कवनो प्रतिनिधि मंच पs ना रहे। पीसीबी ई मसला आईसीसी के सोझा उठा सकत बा। सूत्र कहलस कि सायद सीईओ फाइनल समारोह के आयोजन खातिर जिम्मेदार आईसीसी के लोगन से ठीक से संवाद ना कs पावल आ एही वजह से उनका के बाहर रखल गइल। एहिसे चैंपियंस ट्रॉफी के मेजबान के रूप में पाकिस्तान के पोडियम पs कवनो प्रतिनिधि ना रहे।

शोएब अख्तर ने जताई नाराजगी

पूर्व तेज गेंदबाज शोएब अख्तर एक्स पs एगो वीडियो डालके कहलें, ‘भारत चैंपियंस ट्रॉफी जीतलस, बाकिर पीसीबी के कवनो प्रतिनिधि फाइनल के बाद ना रहे। पाकिस्तान मेजबान रहे। हमरा ई समझ में ना आइल कि पीसीबी से केहूओ उहां काहे ना रहे। केहू ट्रॉफी देवे काहे ना आइल, केहू रिप्रजेंट करे काहे ना आइल? ई सचमुच हमरा समझ से परे बा। ई कइसे हो सकत बा?? फाइनल आ पुरस्कार वितरण में मेजबान देस के प्रतिनिधित्व कहां रहे?? रउआ एह बारे में गंभीरता से सोचे के चाहीं। वर्ल्ड स्टेज रहे। इहां पीसीबी के होखे के चाहत रहे, बाकिर दुख के बात बा कि हम केहूओ के ना देखनी। हम एकरा से बहुत दुखी बानी।’

हाईब्रिड मॉडल पs खेलल गइल टूर्नामेंट

बीसीसीआई अध्यक्ष बिन्नी भारतीय खिलाड़ियन के सफेद जैकेट आ मैच अधिकारियन के पदक प्रदान कइलस, जबकि आईसीसी अध्यक्ष शाह रोहित शर्मा के ट्रॉफी सउपलें आ भारतीय खिलाड़ियन के पदक देलें। भारत सुरक्षा चिंतन के हवाला देत पाकिस्तान में आपन मैच खेले से इनकार कs देले रहे। पीसीबी हाइब्रिड मॉडल पs सहमति जतवले रहे, जवना से भारत के दुबई में अपना खेल खेले के अनुमति मिलल रहे।

Read Also: ED Raids: छत्तीसगढ़ के पूर्व सीएम भूपेश बघेल के घरे छापा, बेटा चैतन्य के कइयन गो ठिकानन पs रेड

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.