[the_ad_group id="30365"]

कनाडा: पब में अंधाधुंध गोलीबारी, 12 लोग घायल

कनाडा: पब में अंधाधुंध गोलीबारी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कनाडा के पूर्वी टोरंटो में एगो पब में तीन लोग घुसल आ अचानक बिना कवनो चेतावनी के अंधाधुंध गोलीबारी कs दिहल जवना से नाहियो तs बारह लोग घवाहिल हो गइल. पुलिस शुक के इs जानकारी देले बिया। पुलिस के कहनाम बा कि, प्रोग्रेस एवेन्यू अवुरी कॉरपोरेट ड्राइव के नजदीक रात के करीब 10:40 बजे के आसपास कई लोग के गोली मारे के रिपोर्ट मिलल। टोरंटो के पैरामेडिक्स के कहल बा कि 11 गो वयस्क घवाहिल हो गइल बाड़े बाकिर बाद में पुलिस कहलस कि 12 लोग घवाहिल हो गइल बा. 

टोरंटो पुलिस सेवा के अधीक्षक पॉल मैकइंटायर बतवले कि पुलिस के कई गो आपातकालीन फोन आईल जवना में शुक के रात 10:40 बजे पाइपर आर्म्स पs गोली चले के सूचना मिलल। मैकइंटायर मौका पs एगो संवाददाता सम्मेलन के दौरान कहले कि, प्रारंभिक जांच में पाता चलल कि तीन आदमी पब में घुस के भीतर के लोग पs गोली चलावे लगले। हालांकि अबे ले केहु के गिरफ्तारी नईखे भईल। 

लोग के इलाका से दूर रहे के चेतावनी 

पुलिस इहो बतवले बिया कि एगो संदिग्ध सिल्वर कार में सवार होके भागत देखल गईल अवुरी अबे ले फरार बा। लोग के इलाका से दूर रहे के चेतावल जा रहल बा। पुलिस शनिचर के सबेरे ‘एक्स’ पs कहलस कि फायरिंग के मामला में तीन जने पs आशंका बा अवुरी जल्दिए दोषी के गिरफ्तार कs लिहल जाई।

इहो पढ़ीं; भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]