[the_ad_group id="30365"]

मॉरीशस में PM मोदी के भइल जोरदार स्वागत, राष्ट्रीय दिवस समारोह में करिहें शिरकत

मॉरीशस में PM मोदी के भइल जोरदार स्वागत
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मॉरीशस के दु दिन के दौरा पs गईल बाड़े।  मारीशस पहुंचला पs पीएम मोदी के गर्मजोशी से स्वागत कईल गईल। एह यात्रा के मुख्य उद्देश्य भारत आ मारीशस के बीच संबंध अउरी मजबूत कइल आ दुनु देशन के बीच सहयोग के बढ़ावा दिहल बा. पीएम मोदी के ई यात्रा मारीशस के प्रधानमंत्री नवीनचंद्र रामगुलाम के नेवता पs हो रहल बा. एह यात्रा के दौरान उs मारीशस के राष्ट्रीय दिवस समारोह में भी शामिल होईहे। मारीशस में 12 मार्च के आपन राष्ट्रीय दिवस मनावल जाला।

प्रधानमंत्री के यात्रा के उद्देश्य

मॉरीशस जाए से पहिले प्रधानमंत्री मोदी एगो बयान जारी कs कहले कि, एs यात्रा से भारत अवुरी मारीशस के संबंध में एगो नाया अवुरी उज्जवल अध्याय जुड़ जाई। उs इहो बतवले कि उनुकर यात्रा “सागर विजन” के हिस्सा हs, जवना के मकसद हिंद महासागर क्षेत्र में सुरक्षा, विकास अवुरी सहयोग के बढ़ावा दिहल बा। ‘सागर’ का अर्थ “Security and Growth for All in the Region”।  पीएम मोदी कहले कि, हमनी के प्रयास के केंद्र हमेशा हमनी के लोग के प्रगति अवुरी समृद्धि के संगे क्षेत्रीय सुरक्षा अवुरी विकास होई।

भारत-मॉरीशस के संबंध महत्वपूर्ण बा

प्रधानमंत्री मॉरीशस के हिंद महासागर के एगो करीबी समुद्री पड़ोसी, एगो प्रमुख साझेदार अवुरी अफ्रीका महाद्वीप के प्रवेश द्वार बतवले।  उs कहले कि, “हमनी के इतिहास, भूगोल अवुरी संस्कृति से एक दूसरा से गहराई से जुड़ल बानी। हमनी के दुनो देश के बीच गहिराह आपसी विश्वास, लोकतंत्र के मूल्य में साझा विश्वास अवुरी विविधता पs गर्व हमनी के ताकत हs।”  पीएम मोदी इहो कहले कि भारत आ मारीशस के घनिष्ठ आ ऐतिहासिक संबंध साझा गौरव के स्रोत बा।

इहो पढ़ीं ; सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]