[the_ad_group id="30365"]

भोजपुरी एक्ट्रेस अक्षरा सिंह फैंस के दिहली छठ पूजा के निमंत्रण, पहिला बेर करिहें छठ

Akshara Singh
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिवाली के समापन के साथ लोक आस्था के महान पर्व छठ के तैयारी शुरू हो जाला। एह साल 2024 के कार्तिक महीना के शुक्ल पक्ष के षष्ठी तिथि 07 नवम्बर के रात 12.41 बजे से शुरू होखी आ 08 नवम्बर के रात 12.34 बजे खतम होखी. अइसना में 07 नवम्बर के साँझ के अर्घ्य दिहल जाई जबकि अगिला दिने यानी 08 नवम्बर के सबेरे के अर्घ्य चढ़ावल जाई।

ओने भोजपुरी गायिका आ अभिनेत्री अक्षरा सिंह छठ खातिर सभका के नेवता देले बाड़ी. उनुका उम्मीद बा कि छठ पूजा के उनुकर सगरी प्रशंसक आ भक्त लोग छठ में शामिल होखीहें. एही बीच छठ पूजा के संबंध में अक्षरा सिंह के गीत ‘कुनारे में छठ’ भी रिलीज हो चुकल बा। जवना में उs अविवाहित लईकिन के छठ पूजा के व्रत करे के बात कs रहल बाड़ी।

छठ के व्रत शादीशुदा औरतन खातिर बा, बाकिर एह नया गाना में अक्षरा सिंगल रहत छठ पूजा के बात कइले बाड़ी.उs गीत में कहत बाड़ी कि जब छठी मइया के बच्चा बा तs उs कुंवारी के रूप में पहिला छठ के व्रत करे के चाहत बाड़ी.

ई गीत 26 अक्टूबर शनिचर के हारमोनिया रिकार्ड्स के यूट्यूब चैनल पs रिलीज भइल बा. चारो ओर एह गीत के तारीफ हो रहल बा। एक ओर प्रशंसक अक्षरा के गायकी के तारीफ करत बाड़े तs दोसरा ओर एह गीत के माध्यम से एगो नया बहस भी शुरू हो गईल बा, जवना के प्रशंसक भी सराह रहल बाड़े। जहां अक्षरा सिंह अकेले एs गीत के गवले बाड़ी, उहें एकर गीत मनोज मतलबी के लिखल बा।

निमंत्रण पत्र में लिखल बा…

अपना गीत के अपना जिनिगी में ले आवत अक्षरा सिंह एह साल पहिला बेर छठ पूजा भी कर रहल बाड़ी। जारी निमंत्रण पत्र में अक्षरा लिखले बाड़ी कि ‘हम बहुत उत्साहित बानी कि रउआ सभे के बतावत बानी कि पहिला बेर हम महापर्व छठ पूजा कर रहल बानी।’ ई नेवता स्वीकार करीं, हमरी घरे आके हमनी के खुशी में बढ़ोतरी करीं। कृपया हमार नेवता स्वीकार करीं।’

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]