[the_ad_group id="30365"]

भारत जोड़ो यात्रा: पाकिस्तान से शुरू करे के चाहीं ‘भारत जोड़ो यात्रा’, कांग्रेस पs असम मुख्यमंत्री बिस्वा कसलें तंज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस के भारत जोड़ो यात्रा पs असम के मुख्यमंत्री हिमंत बिस्वा सरमा तंज कसलें बाड़ें। उ कहलें कि अगर कांग्रेस के ई यात्रा शुरुए करे के बा त एकर शुरुआत पाकिस्तान से होखे के चाहीं। उ कहलें कि, भारत पहले से जुड़ल बा अउरी एक बा। असम के मुख्यमंत्री कहलें, भारत के बंटवारा 1947 मे भइल रहे। एह लिए भारत में एह यात्रा के कौनो लाभ नाइ मिले वाला बा।
उ कहलें, कांग्रेस के समय में भारत 1947 में बंटल रहे। अगर उनके भारत जोड़ो यात्रा करही के बा, त राहुल गांधी के एकर शुरुआत पाकिस्तान से करे के चाहीं। भारत में एह यात्रा के कइले के का मतलब बा। भारत पहिले से जुड़ल बा अउरी एक । हमार सलाह बा कि राहुल गांधी के ई यात्रा पाकिस्तान से ही शुरू करे के चाहीं।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]