Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

BJP के खिलाफ एक मंच पs आइल विपक्ष, नीतीश कुमार केजरीवाल, डी राजा आ सीताराम येचुरी से कइलें मुलाकात

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार मिशन 2024 के लेके विपक्ष के गोलबंद करे में जूटल बाड़ें। ऊ मंगर के दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल, डी राजा आ सीताराम येचुरी के संगे मुलाकात कइलें।

898

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अपना मिशन 2024 के लेके विपक्ष के नेता लोगन के मुलाकात कर रहल बाड़ें। एह दौरान ऊ सोमार के दिल्ली पहुंचतही राहुल गांधी से मुलाकात कइलें। एकरा बाद ऊ समूचा विपक्ष के एकजूट करे के सफर शुरु कइलें। एह क्रम में ऊ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल से मुलाकात कइलें।

नीतीश कुमार आगामी 2024 के लोकसभा चुनाव के देखत BJP के खिलाफ पूरा विपक्ष के एगो मंच पs लेके आवे के कोसिस कर रहल बाड़ें। एहि क्रम में ऊ सीपीएम नेता सीताराम येचुरी से मुलाकात कइलें।

नीतीश कुमार आ सीताराम येचुरी

मुलाकात के बाद सीताराम येचुरी कहले कि जदि क्षेत्रिय दल, वामदल आ कांग्रेस एक साथे आ जाई तs देश में परिवर्तन देखे के मिल सकत बा। ऊ कहले कि ई एगो सकारात्मक संदेश बा आ विपक्ष के सब दलन के देश आ संविधान के बचावे खातिर एक साथे आवे के चाहीं

 

डी राजा के साथे नीतीश कुमार

 

मुलाकातों का सिलसिला जारी रहा और नीतीश कुमार ने मंगलवार को ही सीपीआई कार्यालय पहुंचे जहां उनकी मुलाकात पार्टी के महासचिव डी राजा से हुई. एनडीए छोड़ने के फैसले पर डी राजा ने नीतीश कुमार की काफी तारीफ की.

323220cookie-checkBJP के खिलाफ एक मंच पs आइल विपक्ष, नीतीश कुमार केजरीवाल, डी राजा आ सीताराम येचुरी से कइलें मुलाकात

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.