भाजपा के दफ्तर में आग लगा दिहल गईल, सेना के नई बहाली प्रक्रिया के खिलाफ प्रदर्शन हो रहल बा

कुमार आशू

बिहार में सेना के नयका बहाली योजना के कड़ा विरोध होखता। ए दौरान नवादा जिला के भाजपा जिला कार्यालय प कुछ बदमाश हमला क देले बाड़े। अराजकता के माहौल के बीच भाजपा कार्यालय में आग लगावे के बाद तोड़फोड़ हो गईल। बतावल जाता कि ए घटना के अंजाम देवे वाला सभ आरोपी फरार बाड़े।

पूरा इमारत में आग लगा दिहल गईल

ए दौरान विद्रोही ना सिर्फ भाजपा कार्यालय प निशाना सधले बालुक पूरा भवन में आग लगा देले। ओहिजा राखल हर फर्नीचर के पहिले तूड़ दिहल गइल आ ओकरा बाद आग लगा दिहल गइल.

अभी तक पुलिस नईखे पहुंचल

बिगड़त हालात के बीच बहुत देर से पुलिस टीम मौका प पहुंचल। दूसरा ओर भाजपा के जिलाध्यक्ष संजय कुमार मुंडा मौका प पहुंच गईल बाड़े अवुरी उ पार्टी कार्यालय में अचानक भईल घटनाक्रम के जायजा लेले बाड़े।

मंत्री के बयान

सम्राट चौधरी समेत बिहार सरकार के मंत्रियन के ई बयान अग्निपथ में भइल प्रदर्शन पर आइल बा. उ कहले कि, लागता कि युवा तक सही संदेश नईखे पहुंचल जवन कि पहुंचे के चाहत रहे। उ लोग ए योजना के समझ में ना आईल। हम रउआ लोग से अपील कइल चाहब कि पहिले पूरा बात समझीं। 4 साल तक देश के सेवा कईला के बाद उ बहुत सरकारी विभाग में जा सकतारे।

Share This Article