[the_ad_group id="30365"]

बीसीसीआई कइसल श्रीलंका, न्यूजीलैंड अउर ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ घरेलू सीरीज खातिर शेड्यूल जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई)  श्रीलंका, न्यूजीलैंड अउर ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ तीन घरेलू सीरीज खातिर शेड्यूल जारी कs दिहले बा। भारतीय टीम जनवरी में श्रीलंका के खिलाफ तीन-तीन मैच के टी20 अउर वनडे सीरीज खेली। एकरे बाद न्यूजीलैंड के खिलाफों टीम जनवरी-फरवरी में तीन मैच के वनडे अउर एतनही मैच के टी20 सीरीज खेली। उहवें, ऑस्ट्रेलिया फरवरी-मार्च में भारत के दौरा करी। एह दौरान दूनों टीम के बीच चार मैच के टेस्ट सीरीज खेलल जाई। फिर दूनों टीम के बीच तीन मैच के वनडे सीरीजो खेलल जाई।
तीनों सीरीज भारत खातिरो महत्वपूर्ण

बांग्लादेश के खिलाफ वनडे अउर टेस्ट असाइनमेंट खत्म कइले के बाद अगिले तीन महीना ले भारतीय टीम अपने घर में खेली। एकर शुरुआत जनवरी में श्रीलंका के दौरा से होई। अगले साल भारत में होखे वाले वर्ल्ड कप के देखत क तीनों सीरीज नगदे महत्वपूर्ण बा। श्रीलंका के खिलाफ टीम इंडिया पहिले टी20 सीरीज खेली। ओकरे बाद तीन मैच के वनडे सीरीज खेलल जाई।

भारत बनाम श्रीलंका सीरीज के पूरा शेड्यूल

मैच संख्या तारीख मैच वेन्यू
1 3 जनवरी पहला टी20 मुंबई
2 5 जनवरी दूसरा टी20 पुणे
3 7 जनवरी तीसरा टी20 राजकोट
4 10 जनवरी पहला वनडे गुवाहाटी
5 12 जनवरी दूसरा वनडे कोलकाता
6 15 जनवरी तीसरा वनडे त्रिवेंद्रम

 

भारत बनाम न्यूजीलैंड सीरीज के पूरा शेड्यूल

मैच संख्या तारीख मैच वेन्यू
1 18 जनवरी पहला वनडे हैदराबाद
2 21 जनवरी दूसरा वनडे रायपुर
3 24 जनवरी तीसरा वनडे इंदौर
4 27 जनवरी पहला टी20 रांची
5 29 जनवरी दूसरा टी20 लखनऊ
6 1 फरवरी तीसरा टी20 अहमदाबाद

भारत बनाम ऑस्ट्रेलिया टेस्ट सीरीज के शेड्यूल

मैच संख्या तारीख मैच वेन्यू
1 9 – 13 फरवरी पहला टेस्ट नागपुर
2 17 – 21 फरवरी दूसरा टेस्ट दिल्ली
3 1 – 5 मार्च तीसरा टेस्ट धर्मशाला
4 9 – 13 मार्च चौथा टेस्ट अहमदाबाद

भारत बनाम ऑस्ट्रेलिया वनडे सीरीज के पूरा शेड्यूल

मैच संख्या तारीख मैच वेन्यू
1 17 मार्च पहला वनडे मुंबई
2 19 मार्च दूसरा वनडे विशाखापट्टनम
3 22 मार्च तीसरा वनडे चेन्नई
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]