[the_ad_group id="30365"]

IND vs BAN: रोहित शर्मा के टेस्ट सीरीज से बाहर होखल तय, तीसरा वनडे में ना खेली लोग हिटमैन सहित ई तीन खिलाड़ी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय कप्तान रोहित शर्मा के बांग्लादेश के खिलाफ टेस्ट सीरीज में खेलल संदिग्ध बा। दूसरका वनडे के दौरान बुध (सात दिसंबर) के उनका बायां अंगूठा में चोट लागल। ऊ फील्डिंग ना कइलें आ केएल राहुल कमान संभरलें। हालांकि, रोहित बल्लेबाजी के दौरान अंतिम में क्रीज पर उतरलें आ अर्धशतको लगवले। उनका पारी के बावजूद टीम ना जीत सकल।

मैच के बाद कोच राहुल द्रविड़ कहलें कि ऊ विशेषज्ञन से सलाह लेवे खातिर स्वदेश लवट रहल बाड़े। द्रविड़ इहो बतवलें कि हिटमैन सहित तेज गेंदबाज दीपक चाहर आ कुलदीप सेन चोट के कारण तीसरा वनडे से बाहर हो गइल बा लो। ओहिजा, रोहित शर्मा मैच के बाद कहलें, ”अंगूठा के चोट बड़ नइखे। सौभाग्य से फ्रैक्चर नइखे, एहिसे हम बल्लेबाजी करे में सक्षम रहनी।”

तीसरा वनडे में ना खेलिहें रोहित शर्मा

कोच द्रविड़ कहलें कि उनका यकीन नइखे कि रोहित 14 दिसंबर से सुरू होखे वाला टेस्ट सीरीज खेल पइन्हें की ना। ऊ कहलें, “रोहित, कुलदीप आ दीपक तीसरा वनडे मैच से बाहर हो गइल बा लोग। रोहित वापस मुंबई खातिर उड़ान भरिहें आ एगो विशेषज्ञ से सलाह लिहें आ देखिहें कि चोट कइसन बा। हम ई कहे के इस्थिति में नइखी कि ऊ टेस्ट सीरीज में खेलिहें कि ना।” जदि रोहित के चोट गहिराह भइल तs उनका नेट्स पर फेर से बल्लेबाजी सुरू करे में तीन से चार हफ्ता लागी।

रोहित के दूसरा ओवर में लागल रहे चोट

रोहित के बांग्लादेश के पारी के दूसरका ओवर में चोट लागल। तब वह स्लिप में फील्डिंग कर रहे थे। एह ओवर में मोहम्मद सिराज गेंदबाजी करत रहस। सिराज के गेना अनामुल हक के बल्ला से लागके स्लिप में गइल। गेना रोहित के हाथ से लगाके छिटक गइल। एह दौरान उनका बायां हाथ के अंगूठा पर चोट लागल। एकरा बाद रोहित दर्द से कराहत लउकलें। उनका के तुरंत मैदान से बाहर ले जाइल गइल।

चार महीना में तीसरा बेर चोटिल भइल चाहर

एही बीच, दीपक चाहर फेर से चोटिल हो गइल बाड़े। दूसरका वनडे में गेंदबाजी करत उनका हैमस्ट्रिंग में जकड़न हो गइल रहे।  अपना कोटा के खाली तीन ओवर फेंकलें। पिछला चार महीना में ई तीसरा अवसर बा। जब चाहर चोटिल भइल बाड़े। ऊ हैमस्ट्रिंग आ पीठ के चोट के कारण करीब छव महीना तक बाहर रहल। एह दौरान ऊ आईपीएलो में ना खेल पवलें। वापसी के बाद जिम्बाब्वे के खिलाफ एक मैच खेललें आ फेर बाहर हो गइलें। ओकरा बाद दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ वनडे सीरीज के दौरान उनका होखे के पड़ल। ऊ पीठ में समस्या के कारण टी20 विश्व कप से बाहर भइल रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]