Indore Pitch: इंदौर पिच के रेटिंग के लेके बीसीसीआई आईसीसी में अपील कइलस, 14 दिन के भीतरी आई समिति के फैसला

Anurag Ranjan

इंदौर टेस्ट के पिच के खराब रेटिंग के लेके बीसीसीआई आईसीसी में औपचारिक अपील दायर कs देले बा। मध्य प्रदेश क्रिकेट एसोसिएशन के स्वामित्व वाला इंदौर के होल्कर स्टेडियम से जुड़ल अधिकारी ई जानकारी देले बा लोग। मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक आईसीसी के दु सदस्यीय पैनल एह ममिला में जांच के बाद आईसीसी के फैसला के समीक्षा करी आ 14 दिन के भीतरी आपन फैसला सुनाई।

भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी सीरीज के तीसरा टेस्ट इंदौर में तीन दिन के अंदर खत्म हो गइल रहे। एह मैच में सुरुआती दु दिनन में 30 विकेट गिरल रहे। एह टेस्ट में 31 में से 26 विकेट स्पिन गेंदबाजन के मिलल रहे। ऑस्ट्रेलिया तीसरका दिन के पहिला सत्र में ई मैच नौ विकेट से अपना नामे कइले रहे आ सीरीज में बेहतरीन वापसी कइले रहे।

अपना रिपोर्ट में मैच रेफरी ब्रॉड कहले रहस कि “पिच बहुत सूखा रहे आ बल्ला आ गेंद के बीच संतुलन प्रदान ना करत रहे, सुरूए से स्पिन गेंदबाजन के मदद मिलत रहे। पूरा मैच के दौरान पिच में अत्यधिक आ असमान उछाल रहे”। ब्रॉड के खराब रेटिंग के मतलब रहे कि ई मैदान अब तीन डिमेरिट अंक हासिल कs चुकल बा। ई पांच साल के अवधि खातिर सक्रिय रही। जदि एकरा के दु आउर डिमेरिट अंक दिहल जात बा, तs एह मैदान के 12 महीनन खातिर अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट के मेजबानी से निलंबित कs दिहल जाई।

पहिला दु टेस्ट के मैच रेफरी एंडी पाइक्रॉफ्ट नागपुर आ दिल्ली में उपयोग कइल जाये वाला सतहन के “औसत” करार देले रहस। इहो दुनो टेस्ट तीन दिन के भीतर समाप्त हो गइल रहे आ भारत दुनो मुकाबलन में जीत हासिल कइले रहे।

मैच रेफरी के लगे पिच के रेटिंग खातिर छव पैमाना होला। बहुत अच्छा, अच्वछा, औसत, औसत से नीचे, खराब आ अयोग्य। औसत से कम रेटिंग वाला खराब भा अयोग्य पिच के डिमेरिट अंक दिहल जाला।

इंदौर के आनन-फानन में मिलल रहे मेजबानी

भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच टेस्ट सीरीज के तीसरा मुकाबला धर्मशाला में होखे के रहे, बाकिर बीसीसीआई के जांच समिति पवलस कि ई मैदान सर्दियन में टेस्ट मैच के मेजबानी खातिर तइयार नइखे। धर्मशाला के मैदान में कइयन हिस्सन पs पर्याप्त घांस ना रहे। एकरा बाद बीसीसीआई एक मार्च के एह मैच के मेजबानी इंदौर के दे देले रहे, जबकि मुकाबला 13 मार्च से सुरू होखे के रहे।

बोर्ड खातिर पिच रेटिंग के खिलाफ अपील कइल असामान्य बा, बाकिर ई पहिला ममिला ना हs। पीसीबी हाले में पिच के रेटिंग के खिलाफ अपील कइले रहे आ ओकर अपील सफल रहल रहे।पिछला साल दिसंबर में इंग्लैंड आ पाकिस्तान के बीच भइल मैच खातिर रावलपिंडी के पिच के एक डिमेरिट अंक दिहल गइल रहे। मैच रेफरी पाइक्रॉफ्ट पिच के “औसत से नीचे” के दर्जा देले रहे। इंग्लैंड ई टेस्ट 74 रन से जीतले रहे। हालांकि, बाद में पीसीबी के अपील पs जांच भइल आ ई डिमेरिट अंक हटा दिहल गइल। अब बीसीसीआई के इहे उम्मीद बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।