IND vs AUS: WTC फाइनल में जगह पक्का करत भारत बनल बॉर्डर-गावस्‍कर ट्रॉफी चैंपियन, अहमदाबाद टेस्‍ट ड्रॉ

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 13, 2023

भारत आ ऑस्‍ट्रेलिया के बीच बॉर्डर-गावस्‍कर ट्रॉफी के चउथा आ अंतिम टेस्‍ट सोमार के ड्रॉ पs समाप्‍त भइल। दुनो कप्‍तान 78.1 ओवर के बाद आपसी सहमति से मैच ड्रॉ करावे के फैसला कइल लोग। भारतीय

Share

भारत आ ऑस्‍ट्रेलिया के बीच बॉर्डर-गावस्‍कर ट्रॉफी के चउथा आ अंतिम टेस्‍ट सोमार के ड्रॉ पs समाप्‍त भइल। दुनो कप्‍तान 78.1 ओवर के बाद आपसी सहमति से मैच ड्रॉ करावे के फैसला कइल लोग। भारतीय टीम मौजूदा बॉर्डर-गावस्‍कर ट्रॉफी 2-1 से अपना नामे कइलस।

बता दीं कि अहमदाबाद टेस्‍ट में ऑस्‍ट्रेलिया पहिले बल्‍लेबाजी कइलस आ पहिला पारी में 480 रन बनवलस। जवाब में भारत पहिला पारी में 571 रन बनवलस आ पहिला पारी के आधार पs 91 रन के बढ़त बनवलस। ऑस्‍ट्रेलिया दुसरका पारी में 78.1 ओवर में 2 विकेट खोके 175 रन बना लेले रहे, जब मैच ड्रॉ घोषित कइल गइल। ऑस्‍ट्रेलिया तकनीकी रूप से 10 मिनट पहिलही मैच ड्रॉ करे के फैसला लेलस।

अब दुनो टीमन के बीच जून में विश्‍व टेस्‍ट चैंपियनशिप के फाइनल मुकाबला इंग्‍लैंड के द ओवल मैदान पs खेलल जाई। न्‍यूजीलैंड के श्रीलंका के पहिलका टेस्‍ट में मात देवते भारत के डब्‍ल्‍यूटीसी फाइनल में जगह पक्का हो गइल। ई लगातार दूसरका मवका बा जब भारत डब्‍ल्‍यूटीसी फाइनल में जगह बनवले होखे।

ऑस्‍ट्रेलियाई पारी के हाल

ऑस्‍ट्रेलिया सोमार के आपन पारी 3/0 के स्‍कोर से आगे बढ़वलस। रविचंद्रन अश्विन मैथ्‍यू कुहनेमन (6) के जल्दिये एलबीडब्‍ल्‍यू आउट कs के ऑस्‍ट्रेलिया के पहिला झटका देलें। इहां से ट्रेविस हेड (90) आ मार्नस लाबुशेन (63*) दूसरका विकेट खातिर शतकीय साझेदारी (139 रन) कs के भारतीय गेंदबाजन के हाथ से जीत के मवका छीन लिहल लो। ई दुनो बल्‍लेबाज पहिला सत्र में टीम के आउर कवनो नुकसान ना होखे दिहल।

चायकाल से कुछ समय पहिले अक्षर पटेल हेड के क्‍लीन बोल्‍ड कs के उनका के शतक बनावे से रोक देलें। बायां हाथ के बल्‍लेबाज 163 गेना में 10 चौका आ दु छकका के मदद से 90 रन बनवलस। एकरा बाद लाबुशेन आ ‍स्टीव स्मिथ (10*) 22 रन के साझेदारी कs के ड्रॉ के औपचारिकता के पूरा कइल लोग। भारत के तरफ से रविचंद्रन अश्विन आ अक्षर पटेल के एक-एक सफलता मिलल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.