Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bank Holiday August 2024: अगिला महीना स्वतंत्रता दिवस आ रक्षाबंधन पs बंद रही बैंक, 13 दिन रही छुट्टी

154

जुलाई के महीना खत्म होखे जा रहल बा। नया महीना अगस्त के सुरुआत होखे जा रहल बा। अगिला महीना स्वंत्रता दिवस के मवका पs बैंक बंद रही। स्वतंत्रता दिवस के अलावा, रक्षाबंधन आ जनमाष्टमी के मवको पs बैंक के छुट्टी रही। कुल मिलाके अगस्त में बैंक 13 दिन बंद रहे वाला बा, अइसन में जदि रउओ बैंक जाके कवनो तरे के काम निपटानावल चाह रहल बानी तs ई खबर रउआ काम के हो सकत बा। अगस्त में अतवार आ दूसरका-चउथा सनीचर के छुट्टी के अलावे सात दिन त्योहारन के वजह से बैंक बंद रही। एह आर्टिकल में बैंक कवन-कवन दिन बंद रहे वाला बा, एकरा के लेके जानकारी दे रहल बानी सs-

अगस्त में 13 दिन बंद रही बैंक

  • 3 अगस्त- के पूजा के अवसर पs अगरतला में बैंक हॉलिडे रही।
  • 4 अगस्त- अतवार के छुट्टी
  • 8 अगस्त- तेंदोंग लो रम फात के अवसर पs गंगटोक में बैंक हॉलिडे रही।
  • 10 अगस्त- दूसरका सनीचर के छुट्टी
  • 11 अगस्त- अतवार के छुट्टी
  • 13- देशभक्त दिवस के मवका पs इम्फाल में बैंक हॉलिडे रही।
  • 15 अगस्त- स्वतंत्रता दिवस के मवका पs सब शहरन में बैंक हॉलिडे रही।
  • 18 अगस्त- अतवार के छुट्टी
  • 19 अगस्त- रक्षाबंधन के मवका पs सब शहरन में बैंक हॉलिडे रही।
  • 20 अगस्त- श्रीनारायण गुरु जयंती के मवका पs सब शहरन में बैंक हॉलिडे रही।
  • 25 अगस्त- अतवार के छुट्टी
  • 26 अगस्त- जनमाष्टमी के मवका पs सब शहरन में बैंक हॉलिडे रही।
  • 31 अगस्त- चउथा सनीचर के  छुट्टी

कहां चेक करी बैंक हॉलिडे लिस्ट

दरअसल, देस के केंद्रीय बैंक आरबीआई अपना ऑफिशियल वेबसाइट पs हर महीना होखे वाला बैंक हॉलिडे के पहिले से लिस्ट कs के रखेला। आरबीआई के ऑफिशियल वेबसाइट पs बैंक हॉलिडे के रउओ चेक कs सकत बानी। एकरा खातिर https://www.rbi.org.in/Scripts/HolidayMatrixDisplay.aspx पs विजिट कs सकत बानी।

906300cookie-checkBank Holiday August 2024: अगिला महीना स्वतंत्रता दिवस आ रक्षाबंधन पs बंद रही बैंक, 13 दिन रही छुट्टी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.