खगोलीय घटना : भारत में 18 साल बाद दिखल शनि चंद्र ग्रहण, दिल्ली-कोलकाता से सामने आइल अद्भुत तस्वीर

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 25, 2024

भारत के कइयन हिस्सन में बुध-बियफे के मध्यरात्रि शनि के चंद्र ग्रहण दिखाई देलस। ई अद्भुत नजारा 18 साल बाद देखल गइल। शनि चंद्र ग्रहण के अद्भुत तस्वीर दिल्ली आ पश्चिम बंगाल से सामने आइल

Share

भारत के कइयन हिस्सन में बुध-बियफे के मध्यरात्रि शनि के चंद्र ग्रहण दिखाई देलस। ई अद्भुत नजारा 18 साल बाद देखल गइल। शनि चंद्र ग्रहण के अद्भुत तस्वीर दिल्ली आ पश्चिम बंगाल से सामने आइल बा। एह खगोलीय घटना के वैज्ञानिक लूनर ऑकल्टेशन ऑफ सैटर्न कहल गइल बा। एकरा पहिले मार्च में चंद्र ग्रहण देखल गइल बा।

शनि चंद्र ग्रहण 24 जुलाई के मध्यरात्रि 1:30 बजे से सुरू भइल। एकरा 45 मिनट बाद 1:45 बजे तक चंद्रमा शनि ग्रह के पूरा तरे ढक लेलस। फेर 45 मिनट बाद माने 2:25 बजे शनि ग्रह चंद्रमा के पीछे से निकलत नजर आइल सुरू भइल।

वैज्ञानिकन के अनुसार, शनि के चंद्र ग्रहण तब होला, जब चांद अपना ओट में शनि के छिपा लेला। शनि के चंद्रमा के पीछे छिपल गइला से चंद्रमा के किनारे से शनि के छल्ला में नजर आवेला। आमतौर पs चंद्र ग्रहण सूर्य ग्रहण के बाद लागेला, बाकिर अइसन दुर्लभ खगोलीय घटना के दृश्य कइयन साल के बाद देखे के मिलेला।

श्रीलंका, चीन आ म्यांमार में लउकल

भारत के अलावा पड़ोसी देस श्रीलंका, म्यांमार आ चीन में शनि चंद्र ग्रहण देखल गइल। एह देसन में एकरा के देखे के समय भारत से अलग रहल। शनि चंद्र ग्रहण होखला के वजह ई बा कि जब अपना गति से चल रहल दुनो ग्रह रास्ता बदलत बा तs शनि चंद्रमा के पीछे से उगत दिखत बा। एमे सबसे पहले शनि के छल्ला नजर आवेला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.