[the_ad_group id="30365"]

महाराष्ट्र में बरखा के कहर, कईगो अउर राज्यन में अलर्ट; जानीं मौसम के लेटेस्ट अपडेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

देश में मानसून चरम पs बा आ बरखा के जगहा बादल के चलते बहुते इलाका में बरखा हो रहल बा. महाराष्ट्र आ गुजरात में बाढ़ आ बरखा से तबाही मच गइल बा आ देश के अउरी कई इलाका में भी समस्या के सामना करे के पड़त बा. खबर के मुताबिक, महाराष्ट्र के बहुत इलाका पानी में डूबल बा अवुरी बरखा के चलते लोग के जान भी गंवा चुकल बा। आज भी महाराष्ट्र समेत देश के कई इलाकन में बारिश के लेके अलर्ट जारी कईल गईल बा।

महाराष्ट्र के कई जिला में स्कूल बंद

महाराष्ट्र में मूसला बरखा के संभावना के चलते एहतियात के तौर पs नवी मुंबई, पनवेल अवुरी रायगड़ के स्कूल कॉलेज में आज छुट्टी घोषित कs दिहल गईल बा। हालांकि फिलहाल एs इलाकन में बरखा सामान्य बा।

बियफ़ें के मुंबई में 11 उड़ान रद्द करे के पड़ल

महाराष्ट्र के राजधानी मुंबई में लगातार होखत भारी बरखा के चलते बियफ़ें के कम से कम 11 उड़ान रद्द हो गईल अवुरी 10 उड़ान के नजदीकी हवाई अड्डा पs डायवर्ट कs दिहल गईल। मुंबई हवाई अड्डा पs दृश्यता 300 मीटर हो गइला के चलते दू बेर रनवे के परिचालन रोके के पड़ल.

महाराष्ट्र आ गुजरात में भारी बरखा के अलर्ट

मौसम विभाग आजु महाराष्ट्र आ गुजरात में भारी बरखा के अलर्ट जारी कइले बा. । मुंबई, पालघर, ठाणे आ रत्नागिरी में ऑरेंज अलर्ट जारी कs के भारी बरखा के चेतावनी दिहल गइल बा.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]