[the_ad_group id="30365"]

बांग्लादेश में तनाव : प्रदर्शनकारी कुल अब सुप्रीम कोर्ट के कइले घेराव, चीफ जस्टिस के बदलले के करत बाड़े मांग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बांग्लादेश में अंतरिम सरकार बनला के बाद भी विरोध के दौर नईखे रुकल। अब प्रदर्शनकारी मुख्य न्यायाधीश समेत बांग्लादेश के सुप्रीम कोर्ट के सभ जज के इस्तीफा देवे के मांग करतारे।  प्रदर्शनकारी सुप्रीम कोर्ट के घेराबंदी कs के अपना मांग पs अड़ल बाड़े। खबर के मुताबिक, प्रदर्शनकारी, जवना में अधिकांश छात्र बाड़े, बांग्लादेश के सुप्रीम कोर्ट के घेराबंदी कs देले बाड़े अवुरी मुख्य न्यायाधीश के तुरंत इस्तीफा देवे के मांग करतारे।  एकरा से पहिले शेख हसीना सोमार के दिने प्रधानमंत्री पद से इस्तीफा दे दिहले रहली आ नौकरी में आरक्षण प्रणाली के खिलाफ व्यापक विरोध के

बीच देश छोड़ दिहले रहली.  शेख हसीना के बाद बियफ़ें के नोबेल पुरस्कार विजेता अर्थशास्त्री मोहम्मद यूनुस (84 साल) बांग्लादेश के अंतरिम सरकार के प्रमुख के शपथ लेले। राष्ट्रपति मोहम्मद शहाबुद्दीन के संसद भंग कइला के बाद मंगल के दिने यूनुस के अंतरिम सरकार के प्रमुख बनावल गइल.  यूनुस के लगे रक्षा, शिक्षा, रेलवे, कृषि, वाणिज्य आदि समेत कई गो बड़ मंत्रालय रहल बा।

बांग्लादेश के नवगठित अंतरिम सरकार ‘बड़का देश’ के साथे ढाका के संबंधन में ‘संतुलन’ बनावे राखे के जरूरत पs जोर दिहले बिया. विदेश मामिला के सलाहकार आ विदेश सचिव रहल मोहम्मद तौहीद हुसैन पत्रकारन से बतवले कि एह घरी कानून व्यवस्था बहाल कइल अंतरिम सरकार के मुख्य प्राथमिकता बा आ पहिला लक्ष्य पूरा भइला के बाद दोसरो काम हो जाई. ‘यूएनबी’ समाचार एजेंसी के खबर के मुताबिक उs इहो कहले कि बांग्लादेश के सभ देश के संगे निमन संबंध बनावे के जरूरत बा। बिना कवनो देश के नाम लिहले हुसैन कहले कि, हमनी के सभके संगे निमन संबंध बनावल चाहतानी। हमनी के बड़ देश के संगे संबंध में संतुलन बनावे के जरूरत बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]