[the_ad_group id="30365"]

बांग्लादेश में हिन्दू लोग पर अत्याचार, आवाज अमेरिका तक पहुंचे लागल, लोग संयुक्त राष्ट्र कार्यालय के घेराबंदी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बांग्लादेश में अल्पसंख्यकन पर होखत अत्याचार देख के लोग अमेरिका के न्यूयार्क में संयुक्त राष्ट्र मुख्यालय के बहरी जमा हो गइल आ बांग्लादेश में अल्पसंख्यकन के सुरक्षा के माँग कइलस वाशिंगटन के एगो गैर सरकारी संगठन संयुक्त राष्ट्र मुख्यालय के लगे ओह लोग के विरोध के समर्थन करे आइल लोग के धन्यवाद दिहलस।

बांग्लादेश में शेख हसीना एह हफ्ता सोमार के दिने प्रधानमंत्री पद से इस्तीफा दे दिहलन। शुक के दिने ओहिजा एगो नया अंतरिम सरकार भी बनल। बाकि, ए दौरान सोशल मीडिया पs परेशान करेवाला तस्वीर आ वीडियो बहुत वायरल होखता। देखल जा रहल बा कि कइसे हिन्दू लोग के हत्या हो रहल बा, घर-मंदिर में आग लगा दिहल जा रहल बा आ औरतन के अपहरण भा पीट-पीट कइसे हो रहल बा।

बांग्लादेश में अल्पसंख्यकन पर होखत अत्याचार देख के लोग अमेरिका के न्यूयार्क में संयुक्त राष्ट्र मुख्यालय के बहरी जमा हो गइल आ बांग्लादेश में अल्पसंख्यकन के सुरक्षा के माँग कइलस वाशिंगटन के एगो गैर सरकारी संगठन संयुक्त राष्ट्र मुख्यालय का लगे ओह लोग के विरोध के समर्थन करे आइल लोग के धन्यवाद दिहलस। कहलन कि बांग्लादेश में हिन्दू लोग के निशाना बना के भइल हिंसक हमला के खिलाफ बोले वाला अमेरिकी नेता लोग के हमनी का तारीफ करत बानी सs।

कांग्रेसी हिंसा तुरंत रोके के मांग कइले

रिपब्लिकन कांग्रेसी पैट फैलन बांग्लादेश के हिन्दू के समर्थन में आवाज उठवले बाड़न। ऊ सोशल मीडिया पs लिखले कि, ‘हम बांग्लादेश में चलत राजनीतिक हिंसा आ धार्मिक उत्पीड़न के कड़ा निंदा करतानी।’ हम अंतरिम सरकार से निहोरा करतानी कि ऊ बांग्लादेशी जनता के साझा हित में काम करे अउरी ए हिंसा के तुरंत खतम कs देवे।’ एह हिंसा के काम के भड़कावे वाला आ भाग लेबे वालन के जवाबदेही देबे के पड़ी।

भारतीय मूल के अमेरिकी सांसद कृष्णमूर्ति भावनात्मक अपील कइलन

भारतीय मूल के अमेरिकी अमेरिकी कांग्रेस के सदस्य राजा कृष्णमूर्ति गुरुवार के मदद के गोहार लगवले। ऊ अमेरिकी विदेश सचिव एंटनी ब्लिंकन के एगो चिट्ठी लिखले। ऊ हिन्दू के खिलाफ हिंसा खतम करे के मांग कइले। कृष्णमूर्ति ब्लिंकन से निहोरा कइलन कि ऊ 8 अगस्त के बांग्लादेश के अंतरिम सरकार प्रमुख मुहम्मद यूनुस से बात करसु आ हिंसा खतम करे में मदद करस। संगही अपराधी के सजा देवे के मांग कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]