[the_ad_group id="30365"]

बांग्लादेश के 27 जिलन में हिंदु लो के घर आ मंदिर के बनवलस निशाना; लोगन के रो-रो के भइल बुरा हाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

बांग्लादेश में हिंसा के दौर आजुओ जारी बा. भारी आग लगला के बीच हालात बहुत खराब हो गईल बा। शेख हसीना के प्रधानमंत्री पद से इस्तीफा देके देश छोड़ला के बाद भी प्रदर्शनकारी सड़क पs गईले। साथही हालात अतना खराब हो गइल बा कि देश में हिन्दू लोग के घर आ व्यापारिक प्रतिष्ठानन पs निशाना बनावल जा रहल बा. भीड़ इहाँ के कम से कम 27 जिला में हिन्दू के घर अवुरी व्यापारिक प्रतिष्ठान पs हमला कs देलस अवुरी उनुकर कीमती सामान भी लूट लेलस। एकरा संगे देश भर के कम से कम चार मंदिर में भी तोड़फोड़ भईल बा।

लोग के छलकल दुख 

एह भयावहता के अंदाजा एह बात से लगावल जा सकेला कि हाटीबंधा उपजिला के पुरबो सरदुबी गाँव में काल्हु रात 12 गो हिन्दू घर जरावल गइल. साथही सदर उपजिला में कई गो हिन्दू घरन के तोड़फोड़ आ लूटपाट भइल. ओइक्या परिषद के वरिष्ठ संयुक्त महासचिव मोनिंद्र कुमार नाथ से जब पत्रकार बतियावत रहले तs उनुकर दुख स्पर्श करे लायक रहे। नाथ कहले कि उs कबो ना सोचले रहले कि उनुका समाज पs अयीसन हमला देखाई दिही।

लोग के पिटाई हो रहल बा

उ कहले कि, कवनो इलाका चाहे जिला नईखे बाचल, जहां सांप्रदायिक हमला नईखे भईल। हमनी के देश के अलग-अलग हिस्सा से लगातार घर अवुरी व्यापारिक प्रतिष्ठान पs हमला के रिपोर्ट मिलता। लोग रोवत बा, कहत बा कि मारपीट हो रहल बा आ ओह लोग के घर आ धंधा लूट जात बा. हमनी के का गलती बा? का हमनी के गलती बा कि हमनी के देश के नागरिक बानी जा?

चार गो मंदिरन में उपद्रवी कुल तोड़फोड़ कइले

बांग्लादेश में प्रदर्शनकारी सोमार के दिने ढाका के इंडिया कल्चर सेंटर पs हमला कs दिहले. एकरा अलावे काली अवुरी इस्कॉन समेत देश भर के कम से कम चार मंदिर में भी तोड़फोड़ भईल बा।

हिन्दू बौद्ध ईसाई एकता परिषद के नेता काजोल देबनाथ के कहल बा कि देश भर में शेख हसीना के सत्ता से हटावे के खबर जइसहीं फइलल तs अलग अलग जगहा पs हिन्दू मंदिरन पs हमला होखे लागल बा. हिन्दू समेत तमाम अल्पसंख्यक समुदाय के लोग डेरा गईल बाड़े। एकरा संगे उs बतवले कि ढाका के धानमंडी इलाका में स्थित इंदिरा गांधी सांस्कृतिक केंद्र पs भीड़ हमला कs के बहुत नुकसान पहुंचवले। एकरा अलावे कई जगहा प्रदर्शनकारी आग लगा देले बाड़े। एह में धानमंडी के बंगबंधु भवन, जेकरा के बंगबंधु स्मृति संग्रहालय के नाम से भी जानल जाला।

कम से कम दस गो हिन्दू घरन के निशाना बनवलस

दिनाजपुर कस्बा आ अउरी उपजिला में नाहियो तs दस गो हिन्दू घरन के निशाना बनावल गइल बा.  हमलावर शहर के रेलबाजारहाट के एगो मंदिर में तोड़फोड़ करे के कोशिश कईले, बाकिर स्थानीय लोग हंगामा कs के रोक देले।

 

 

,

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]