[the_ad_group id="30365"]

भागलपुर में पटना जंक्शन जइसन कांड, स्टेशन चौराहा के डिस्प्ले पs चल गइल ई सब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

BHAGALPUR: बिहार में आइल दिने शरारती तत्वन के नया-नया कारनामा निकलके सामने आवत रहेला। लगभग 1 महीना पहिलही पटना जंक्शन के प्लेटफार्म नंबर 10 पs गंदा वीडियो चलला के ममिला अभी ठंडा भइल नइखे कि अब भागलपुर रेलवे स्टेशन से कुछ अइसने ममिला निकलके सामने आइल बा।

दरअसल,रेलवे स्टेशन के निकट अंबेडकर चौक के लगे लागल डिस्प्ले बोर्ड पs सोमार के देर रात अचानके वेश्‍यावृत्ति के विज्ञापन चले के खबर से हड़कंप मच गइल। बहुत बिजी चौराहा होखला के वजह से इहां हमेशा लोगन के भीड़ रहत बा। अइसने में डिस्प्ले बोर्ड पs चल रहल एह अश्लील विज्ञापन के देख उहां बड़ संख्या में लोग जुट गइल। कुछ लोग डिस्प्ले बोर्ड के वीडियो बनावे लागल। तनिये देर में शहर में ई बात आग के तरे फइल गइल।

ओहिजा, एह घटना सूचना मिलला पs आनन-फानन आलाधिकारी पहुंचल लो आ डिस्प्ले बोर्ड के उतरवा दिहल। डिस्प्ले बोर्ड के संचालन जीवन जागृति सोसायटी के जिम्मा रहे। संस्था के ओर से अज्ञात व्यक्ति के खिलाफ रिपोर्ट दर्ज करावल गइल बा। पुलिस ममिला के जांच में जुट गइल बिया।

बतावल जा रहल बा कि, जांच में पता चलल कि नगर निगम अंबेडकर चौक के सुंदरीकरण के जिम्मेदारी जीवन जागृति सोसाइटी के दिहल गइल रहे। सोसाइटी चौराहा पs डिस्प्ले बोर्ड लगवले रहस। ओह पs यातायात नियमन के पालन करे सहित आउर जागरुकता वाला संदेश संस्था द्वारा चलावल जात रहे। तबे बोर्ड में लागल चिप के केहू निकाल के अश्लील सूचना वाली चिप लगा देलस। बाद में पुलिस बोर्ड के जब्त कs के अपना संगे कोतवाली थाना ले गइल।

एने, एह ममिला के लेके कोतवाली इंस्पेक्टर जवाहर प्रसाद यादव कहलें कि संस्था के अध्यक्ष डा. अजय कुमार के आवेदन पs मुकदमा दर्ज कइल गइल बा, बाकिर के ई हरकत कइले बा ओकरा पहचान खातिर चौराहा पs लागल सीसीटीवी फुटेज के खंगारल जा रहल बा।

साभार: फर्स्ट बिहार झारखंड

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]