[the_ad_group id="30365"]

ट्रेन के सफर भइल आउर आसान, मात्र 5 रुपिया में चाय आ 35 रुपिया में मिली नाश्ता, यात्रियन खातिर आइल नया रेट लिस्ट 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Railway IRCTC Food price: रेलवे सफर के आउर बढ़िया आ शुद्ध बनावे खातिर लमहर दूरी के ट्रेनन खातिर नया बेवस्था आ सुविधा आईआरसीटीसी के तरफ से चालू कs दिहल गइल बा। रेलवे अपना नया सुविधन के जारी करत बिना पैंट्री कार वाला ट्रेनन के सफर के अब आउर सुगम बना देले बा। अब रेल यात्रा करत घरी बिना पैंट्री कार वाला ट्रेन में लोग खाना पीना आसानी से खात-पियत अपना गंतव्य स्थल तक जा सकी लो।

सरकारी रेट पs उपलब्ध होई खाना

ओह सारा ट्रेनन के यात्रा अब आउर जादा सुखद होई जवना में पैंट्री कार ना होला। आईआरसीटीसी के द्वारा बहाल कइल गइल अधिकृत वेंडर एह ट्रेनन में तय कइल गइल सरकारी रेट पs नाश्ता उपलब्ध कराई लो। नाश्ता में उपमा पोहा इडली सांभर इत्यादि रही ओहिजा नमकीन आ वेफर पैकिंग वाला नाश्ता में लोगन के मुहैया होई।

नाश्ता के कीमत कुछ एह तरे बा

रेलवे में सफर करने के दौरान सामान्य रूप से मेल, एक्सप्रेस भा हमसफर ट्रेनन में कुछ एह तरे के नाश्ता के वैरायटी आ कीमत उपलब्ध रही।

चाय आ पीये के समान होई सस्ता

रेलवे चाय महज ₹5 आ कॉफी मात्र ₹10 में उपलब्ध कराई। पीये के पानी 10 से ₹15 में उपलब्ध होई। एह तरे रेलवे आपन लिस्ट के अपडेट करत जारी कइले बा।

भरपेट दुपहरिया आ रात के खाना तक बा सस्ता

आईआरसीटीसी अपना यात्रियन खातिर सस्ता खाना महज ₹70 से सुरू कs देले बा जवना के कीमत सामान्य रेस्टोरेंट्स से कम बा आ एमे रोटी आ चावल के कॉन्बिनेशन मुहैया करावल गइल बा। एकरा संगही वेजिटेरियन आ नॉन वेज टिफिन खाना उपलब्ध करावल गइल बा।

जदि कवनो इस्थिति में ऊपर दिहल गइल मेनू से रउआ से अलग चार्ज लिहल जा रहल बा तs ओइसन इस्थिति में रउआ वेंडर से सीधा तौर पs बिल मांग सकत बानी आ बिल ना देला के इस्थिति में रउआ बिना पेमेंट देलें रेल यात्रा के सफर कs सकत बानी। इयाद रखीं कि रउआ जदि अइसन हरकत करत बानी तs रउआ देस में बिलिंग पारदर्शिता ले आवे खातिर कमर कस रहल बानी आ ई बढ़ते हुए भारत खातिर जरूरी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]