Ind vs AUS: भारत में छव साल बाद टेस्ट जीतल ऑस्ट्रेलिया, इंदौर में टीम इंडिया के नव विकेट से हरवलस 

Share

ऑस्ट्रेलिया तीसरा टेस्ट के तीसरका दिन लंच से पहिले मैच के समाप्त कs देलस। 76 रन के लक्ष्य के ऊ 18.1 ओवर में हासिल कs लेलस। कंगारू टीम एक विकेट पs 78 रन बना लेलस। ट्रेविस हेड 53 गेना पs 49 रन बनाके नाबाद रहलें। ओहिजा, मार्नश लाबुशेन नाबाद 28 रन बनवलें। उस्मान ख्वाजा खाता ना खोल पवलें। एह जीत के संगही ऊ सीरीज में वापसी कs लेले बा। भारत पहिलका दुनो टेस्ट में जीत हासिल कs के अभी 2-1 से आगे बा। दुनो देसन के बीच अब चउथा टेस्ट नव मार्च से अहमदाबाद में खेलल जाई।

भारत पहिला पारी में 109 रन बनवले रहे। ओहिजा, ऑस्ट्रेलिया 197 रन बना लेले रहे। ओकरा 88 रन के बढ़त मिलल रहे। एकरा बाद भारतीय टीम दूसरका पारी में 163 रन पs ऑलआउट हो गइल। उ 75 रन के बढ़त बनवलस। एह तरह ऑस्ट्रेलिया के 76 रन के लक्ष्य मिलल रहे। जवाब में कंगारू टीम 18.5 ओवर में एक विकेट पs 78 रन बनाके मैच के जीत लेलस।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-