Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

WPL: विमेंस प्रीमियर लीग के आगाज आज से, 23 दिन में होई 22 मैच, जानीं प्रसारण से लेके शेड्यूल तक पूरा जानकारी

विमेंस प्रीमियर लीग में 23 दिन के भीतर 22 मैच खेलल जाई। सभे पांच टीम खिताब जीते खातिर आपस में भिड़िहें सs। इहां हमनी के एह टूर्नामेंट से जुड़ल पूरी जानकारी दे रहल बानी सs। 

1,267

विमेंस प्रीमियर लीग के सुरुआत आज से हो रहल बा। पहिला मुकाबला मुंबई इंडियंस आ गुजरात जाएंट्स के बीच बा। एह टूर्नामेंट में 23 दिन के भीतर कुल 22 मुकाबला खेलल जाये के बा। एमें 20 गो लीग मुकाबला होई, जबकि एगो एलिमिनेटर आ एगो फाइनल मैच खेलल जाई। कुल पांच टीम खिताब जीते खातिर जोर लगइहें सs। सब मुकाबला मुंबई के डीवाई पाटिल आ ब्रेबोर्न स्टेडियम में खेलल जाई। इहां हमनी के एह टूर्नामेंट से जुड़ल हर जानकारी दे रहल बा।

केतना टीम ले रहल बाड़ी सs हिस्सा?

विमेंस प्रीमियर लीग में कुल पांच टीम बाड़ी सs, जवन खिताब खातिर आपन दावेदारी पेश करिहें सs।

  • रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर (RCB)
  • गुजरात जाएंट्स (GG)
  • मुंबई इंडियंस (MI)
  • दिल्ली कैपिटल्स (DC)
  • यूपी वॉरियर्स (UPW)

कहां देख सकत बानी मैच?

विमेंस प्रीमियर लीग के सब मैचन के प्रसारण के अधिकार वॉयकॉम 18 नेटवर्क के लगे बा। रउआ स्पोर्ट्स 18 नेटवर्क के चैनलन पs सब मैच देख सकत बानी। ओहिजा, मोबाइल फोन पs रउआ एह टूर्नामेंट के सब मैच जियो सिनेमा एप पs देख सकत बानी। जियो सिनेमा एप खातिर रउआ कवनो शुल्क ना देवे के पड़ेला।

का बा शेड्यूल?

तारीख मैच समय स्टेडियम
4 मार्च GG vs MI 7:30 PM डीवाई पाटिल
5 मार्च RCB vs DC 3:30 PM ब्रेबोर्न
5 मार्च UPW vs GG 7:30 PM डीवाई पाटिल
6 मार्च MI vs RCB 7:30 PM ब्रेबोर्न
7 मार्च DC vs UPW 7:30 PM डीवाई पाटिल
8 मार्च GG vs RCB 7:30 PM ब्रेबोर्न
9 मार्च DC vs MI 7:30 PM डीवाई पाटिल
10 मार्च RCB vs UPW 7:30 PM ब्रेबोर्न
11 मार्च GG vs DC 7:30 PM डीवाई पाटिल
12 मार्च UPW vs MI 7:30 PM ब्रेबोर्न
13 मार्च DC vs RCB 7:30 PM डीवाई पाटिल
14 मार्च MI vs GG 7:30 PM ब्रेबोर्न
15 मार्च UPW vs RCB 7:30 PM डीवाई पाटिल
16 मार्च DC vs GG 7:30 PM ब्रेबोर्न
18 मार्च MI vs UPW 3:30 PM डीवाई पाटिल
18 मार्च RCB vs GG 7:30 PM ब्रेबोर्न
20 मार्च GG vs UPW 3:30 PM ब्रेबोर्न
20 मार्च MI vs DC 7:30 PM डीवाई पाटिल
21 मार्च RCB vs MI 3:30 PM डीवाई पाटिल
21 मार्च UPW vs DC 7:30 PM ब्रेबोर्न
24 मार्च एलिमिनेटर 7:30 PM डीवाई पाटिल
26 मार्च फाइनल 7:30 PM ब्रेबोर्न

 

सब टीम एह तरे बाड़ी सs

रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर

स्मृति मंधाना, सोफी डिवाइन, एलिसे पेरी, रेणुका सिंह, ऋचा घोष, इंद्राणी रॉय, दिशा कसाट, श्रेयंका पाटिल, कनिका आहूजा, आशा शोभना, एरिन बर्न्स, हीथर नाइट, डेन वैन नीकेर, प्रीति बोस, पूनम खेमनार, कोमल जंजाद, मेगन शुट्ट, सहाना पवार।

 

मुंबई इंडियंस

हरमनप्रीत कौर, नट साइवर-ब्रंट, अमेलिया केर, पूजा वस्त्राकर, यस्तिका भाटिया, हीथर ग्राहम, इस्सी वोंग, अमनजोत कौर, धारा गुज्जर, सायका इशाक, हेले मैथ्यूज, क्लो ट्राइटन, प्रियंका बाला, हुमैरा काजी, नीलम बिष्ट, जिंतमणि कलिता, सोनम यादव।

गुजरात जायंट्स

एश्ले गार्डनर, बेथ मूनी, सोफिया डंकले, एनाबेल सदरलैंड, हरलीन देओल, डियांड्रा डॉटिन, स्नेह राणा, एस मेघना, जॉर्जिया वेयरहम, मानसी जोशी, दयालन हेमलता, मोनिका पटेल, तनुजा कंवर, सुषमा वर्मा, हर्ली गाला, अश्विनी कुमारी, परुणिका सिसोदिया , शबमन शकील।

यूपी वारियर्स

सोफी एक्लेस्टोन, दीप्ति शर्मा, ताहलिया मैकग्राथ, शबनिम इस्माइल, एलिसा हीली, अंजलि सरवानी, राजेश्वरी गायकवाड़, पार्शवी चोपड़ा, श्वेता सहरावत, एस यशश्री, किरण नवगिरे, ग्रेस हैरिस, देविका वैद्य, लॉरेन बेल, लक्ष्मी यादव, सिमरन शेख।

दिल्ली कैपिटल्स

जेमिमा रोड्रिग्स, मेग लैनिंग, शैफाली वर्मा, राधा यादव, शिखा पांडे, मरिजैन कप्प, टाइटस साधु, एलिस कैप्सी, तारा नॉरिस, लॉरा हैरिस, जसिया अख्तर, मिन्नू मणि, पूनम यादव, तानिया भाटिया। जेस जोनासेन, स्नेहा दीप्ति, अरुंधति रेड्डी, अपर्णा मोंडल।

475820cookie-checkWPL: विमेंस प्रीमियर लीग के आगाज आज से, 23 दिन में होई 22 मैच, जानीं प्रसारण से लेके शेड्यूल तक पूरा जानकारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.