[the_ad_group id="30365"]

कर्नाटक में विधानसभा चुनाव एक चरण में होई, 10 मई के मतदान होई, 13 मई के नतीजा 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कर्नाटक में विधानसभा चुनाव एक चरण में होई, 10 मई के मतदान होई, 13 मई के नतीजा 

मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार बतवले कि कर्नाटक में 9.17 लाख नया मतदाता बाड़े जवन पहिला बेर वोट दिहे। एक अप्रैल के 18 साल के होखे वाला लोग भी वोट दे सकेले।

बेंगलुरु : कर्नाटक चुनावी बिगुल के उलटी गिनती शुरू हो गईल बा। चुनाव आयोग आजु कर्नाटक विधानसभा चुनाव के तारीख के एलान कइले बा| कर्नाटक के 224 सीट पे विधानसभा चुनाव एक चरण में होई। राज्य में 10 मई के चुनाव होई अउरी 13 मई के नतीजा निकली। मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार कहले कि राज्य में 9.17 लाख नया मतदाता बाड़े जवन कि पहिला बेर वोट दिहे। एक अप्रैल के 18 साल के होखे वाला लोग भी वोट दे सकेले। अइसन 224 गो बूथ बनावल गइल बा, जवना में युवा कर्मचारी के तैनाती कइल जाई आ 100 गो बूथ पे अलग-अलग सक्षम कर्मचारी के कर्मचारी लगावल जाई।

कर्नाटक में मुख्य मुकाबला सत्ताधारी भाजपा अउरी कांग्रेस के बीच बा। अबकी बेर कांग्रेस पूरा जोश से सत्ता में वापसी खातिर काम करत बिया|

 

80 साल से ऊपर के लोग अउरी दिव्यांगन खातीर घर से मतदान’।

मुख्य निर्वाचन आयुक्त राजीव कुमार कहले कि निष्पक्ष चुनाव करावल हमनी के प्राथमिकता बा। विधानसभा के 224 सीट बा, राज्य में करीब 17 हजार मतदाता बाड़े जिनकर उम्र 100 साल पार हो गईल बा। कर्नाटक में कुल मतदाता 5.22 करोड़ बाड़े। उ कहले कि, आयोग के निमन फैसला इ बा कि 80 साल से ऊपर के लोग अवुरी दिव्यांग खाती घर से मतदान के सुविधा शुरू हो गईल बा।

 

कर्नाटक विधान सभा के कार्यकाल 24 मई के खतम हो जाई

24 मई के राज्य विधानसभा के कार्यकाल खतम होखे वाला बा, एहसे राज्य के राजनीति गरम होखता। एकरा से पहिले हाल ही में मुख्य निर्वाचन आयुक्त राजीव कुमार चुनाव आयोग के अधिकारी लोग के संगे चुनावी तैयारी के समीक्षा कईले रहले। बता दीं कि साल 2018 में कर्नाटक चुनाव के तारीख 27 मार्च के घोषणा भइल रहे|

 

पिछला चुनाव में भाजपा के 104 सीट मिलल रहे

पिछला विधानसभा चुनाव में भाजपा के 104 सीट मिलल रहे। जबकि कांग्रेस के 80 सीट आ जदयू के 37 सीट मिलल| हालांकि कवनो पार्टी के बहुमत ना मिलल। अयीसना में कांग्रेस अउरी जदयू मिल के सरकार बनवलस। गठबंधन सरकार में जदयू नेता कुमारस्वामी मुख्यमंत्री बनले लेकिन करीब 14 महीना बाद कांग्रेस के बहुत विधायक इस्तीफा देके भाजपा में शामिल हो गईल रहले। एकरा चलते कुमारस्वामी सरकार गिर गईल अउरी बीएस येदियुरप्पा के नेतृत्व में भाजपा सरकार बनवलस। हालांकि 2 साल बाद येदियुरप्पा सीएम पद से इस्तीफा दे दिहले अउरी बसवराज बोम्मई राज्य के सीएम बन गईले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]