[the_ad_group id="30365"]

UP Nikay Chunav: सीएम योगी बोललें, उच्चतम न्यायालय के फैसला स्वागत जोग, आरक्षण के पालन करत होई चुनाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ नगर निकाय चुनाव में ओबीसी आरक्षण के रिपोर्ट स्वीकार करे के फैसला के स्वागत कइले बाड़ें।

ऊ कहलें कि विधि सम्मत तरीका से आरक्षण के नियमन के पालन करत उत्तर प्रदेश सरकार समयबद्ध ढंग से नगरीय निकाय चुनाव करावे खातिर प्रतिबद्ध बा।

मुख्यमंत्री ट्वीट कs के कहलें कि माननीय उच्चतम न्यायालय द्वारा OBC आयोग के रिपोर्ट स्वीकार कs के OBC आरक्षण के संगे नगरीय निकाय चुनाव करावे के आदेस स्वागत जोग बा।

मालूम होखे कि सुप्रीम कोर्ट के आदेस पs राज्य सरकार निकाय चुनाव में पिछड़न के आरक्षण तय करे खातिर पिछड़ा वर्ग आयोग के गठन कइले रहे। आयोग आपन रिपोर्ट सरकार के कइयन दिन पहिलही सउप देले रहे जवना के सरकार सुप्रीम कोर्ट में दाखिल कs देले रहे। एह पs कोर्ट सहमति दे देले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]