Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Asian Games 2023: भारत महिला क्रिकेट में जीतल गोल्ड, फाइनल में श्रीलंका के रौंदलस

एशियाई खेल 2023 : महिला क्रिकेट के अंतिम मैच भारत आ श्रीलंका के बीच भइल। टीम इंडिया एह मैच में 19 रन से जीत हासिल कइलस। एशियाई खेल 2023 में अब भारत के कुल 2 गो स्वर्ण पदक मिलल बा।

2,206

 

एशियन गेम्स 2023 : एशियन गेम्स 2023 के महिला क्रिकेट इवेंट में स्वर्ण पदक खातिर अंतिम मैच भारतीय महिला टीम आ श्रीलंका के महिला टीम के बीच भइल। टीम इंडिया एह मैच में 19 रन से जीत हासिल कइलस। एह जीत से भारत एशियाई खेलन में दू गो स्वर्ण पदक जीत चुकल बा। ई दुनु स्वर्ण पदक खुद सोमार के दिने मिलल। एकरा से पहिले भारत शूटिंग में स्वर्ण पदक जीत चुकल रहे। महिला क्रिकेट में स्वर्ण जीतला के चलते भारत पदक गिनिती में पाँचवा जगहा पs चहुँप गइल बा। भारत के अब तक कुल 11 पदक मिलल बा।

 भारत बनाम श्रीलंका के मैच के हालत कइसन रहल?

भारतीय महिला टीम आ श्रीलंका के महिला टीम के बीच भइल एशियाई खेलन के फाइनल मैच में भारतीय कप्तान हरमनप्रीत कौर टॉस जीत के बल्लेबाजी करे के फैसला कइली। पहिले बल्लेबाजी करत भारतीय महिला टीम 20 ओवर में 7 विकेट गँवा के 116 रन बनवलस। एह दौरान भारत खातिर स्मृति मंधाना आ जेमिमा रोड्रिगेज शानदार पारी खेलली। एह मैच में मंधाना 45 गेंद में 46 रन बनवली। जबकि रोड्रिगेज पिछला कुछ ओवर में तेज बल्लेबाजी कइली आ 42 रन के महत्वपूर्ण पारी खेलली।

 

 

648450cookie-checkAsian Games 2023: भारत महिला क्रिकेट में जीतल गोल्ड, फाइनल में श्रीलंका के रौंदलस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.