[the_ad_group id="30365"]

Asian Games 2023: भारत महिला क्रिकेट में जीतल गोल्ड, फाइनल में श्रीलंका के रौंदलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

एशियन गेम्स 2023 : एशियन गेम्स 2023 के महिला क्रिकेट इवेंट में स्वर्ण पदक खातिर अंतिम मैच भारतीय महिला टीम आ श्रीलंका के महिला टीम के बीच भइल। टीम इंडिया एह मैच में 19 रन से जीत हासिल कइलस। एह जीत से भारत एशियाई खेलन में दू गो स्वर्ण पदक जीत चुकल बा। ई दुनु स्वर्ण पदक खुद सोमार के दिने मिलल। एकरा से पहिले भारत शूटिंग में स्वर्ण पदक जीत चुकल रहे। महिला क्रिकेट में स्वर्ण जीतला के चलते भारत पदक गिनिती में पाँचवा जगहा पs चहुँप गइल बा। भारत के अब तक कुल 11 पदक मिलल बा।

 भारत बनाम श्रीलंका के मैच के हालत कइसन रहल?

भारतीय महिला टीम आ श्रीलंका के महिला टीम के बीच भइल एशियाई खेलन के फाइनल मैच में भारतीय कप्तान हरमनप्रीत कौर टॉस जीत के बल्लेबाजी करे के फैसला कइली। पहिले बल्लेबाजी करत भारतीय महिला टीम 20 ओवर में 7 विकेट गँवा के 116 रन बनवलस। एह दौरान भारत खातिर स्मृति मंधाना आ जेमिमा रोड्रिगेज शानदार पारी खेलली। एह मैच में मंधाना 45 गेंद में 46 रन बनवली। जबकि रोड्रिगेज पिछला कुछ ओवर में तेज बल्लेबाजी कइली आ 42 रन के महत्वपूर्ण पारी खेलली।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]