Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs AUS: ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ भारत सातवां वनडे सीरीज जीतल, अय्यर-गिल के बाद अश्विन-जडेजा कइल लो कमाल

1,342

भारत ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ तीन वनडे मैचन के सीरीज के अपना नामे कs लेलस। इंदौर के होल्कर स्टेडियम में खेलल गइल दूसरका मुकाबला में टीम इंडिया अतवार (24 सितंबर) के बरखा से प्रभावित मैच के डकवर्थ लुईस नियम के आधार पs 99 रन से जीत लेलस। ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ भारत के द्विपक्षीय सीरीज में ई सातवां जीत हs। ऊ पिछला बेर अपना होमग्राउंड पs 2020 में कंगारूअन के तीन मैचन के सीरीज में  2-1 से हरवले रहे।

सीरीज में जीत के संगही भारत ऑस्ट्रेलिया से एह साल वनडे सीरीज में मिलल हार के बदलो ले लिहल। कंगारू टीम मार्च में तीन वनडे मैचन के सीरीज में भारत के 2-1 से हरवले रहे। दुनो टीमन के बीच मवजूदा सीरीज के तीसरा आ आखिरी मुकाबला राजकोट में बुध (27 सितंबर) के खेलल जाई।

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ द्विपक्षीय सीरीज में भारत के जीत

साल मेजबान मैच नतीजा

  • 1986 भारत 6 भारत 3-2 से जीता
  • 2010 भारत 3 भारत 1-0 से जीता
  • 2013 भारत 7 भारत 3-2 से जीता
  • 2017 भारत 5 भारत 4-1 से जीता
  • 2019 ऑस्ट्रेलिया 3 भारत 2-1 से जीता
  • 2020 भारत 3 भारत 2-1 से जीता
  • 2023 भारत 3 भारत 2-0 से आगे
प्रसिद्ध कृष्णा शॉर्ट आ स्मिथ के पवेलियन भेजलें – फोटो : सोशल मीडिया

213 रन पs सिमटल कंगारू टीम

मैच के बात करीं तs ऑस्ट्रेलिया टॉस जीतके पहिले गेंदबाजी के फैसला कइलस । भारत 50 ओवर में पांच विकेट पs 399 रन बनवलस। बरखा के कारण ऑस्ट्रेलिया के डकवर्थ लुईस नियम से 33 ओवर में 317 रन के लक्ष्य मिलल। कंगारू टीम 28.2 ओवर में 213 रन पs ऑलआउट हो गइल।

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ भारत के उच्चतम स्कोर

भारतीय पारी के बात करीं तs टीम इंडिया ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ वनडे में आपन उच्चतम स्कोर बनवलस। एकरा पहिले भारत के ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ उच्चतम स्कोर 383 रन के रहे, जवन ऊ नवंबर 2013 में बेंगलुरु में बनवले रहे। ओहिजा, ओवरऑल वनडे में भारत के ई सातवां बड़ स्कोर हs। भारत के वनडे में उच्चतम स्कोर 418/5 रन के बा, जवन ऊ वेस्टइंडीज के खिलाफ दिसंबर 2011 में इंदौर में बनवले रहे। इंदौर के मैदान पs ई भारत के दूसरका उच्चतम स्कोर हs।

श्रेयस अय्यर आ शुभमन गिल – फोटो : सोशल मीडिया

शुभमन आ श्रेयस बल्ला से कइलस कमाल

भारत खातिर शुभमन गिल 97 गेना में 104 रन, श्रेयस अय्यर 90 गेना में 105 रन आ कप्तान केएल राहुल 38 गेना में 52 रन के पारी खेलल लो। ओहिजा, आखिर में इंदौर में सूर्यकुमार यादव के तूफान देखे के मिलल। ऊ 37 गेना में छव चौका आ छव छक्का के मदद से 72 रन के नाबाद पारी खेललें। ओहिजा, रवींद्र जडेजा 13 रन बनाके नाबाद रहलें। दुनो के बीच 24 गेना में 44 रन के साझेदारी भइल। आखिरी पांच ओवर में भारत 54 रन बनवलस। ऑस्ट्रेलिया खातिर कैमरन ग्रीन दु विकेट लेलें। ओहिजा, जोश हेजलवुड, शॉन एबॉट आ एडम जैम्पा के एक-एक विकेट मिलल।

केएल राहुल आ रविचंद्रन अश्विन – फोटो : BCCI/X

अश्विन आ जडेजा बरपवलें कहर

ऑस्ट्रेलिया खातिर सीन एबॉट 54 आ डेविड वॉर्नर 53 रन बनावल लो। मार्नश लाबुशेन 27 आ जोश हेजलवुड 23 रन बनावल लो। कैमरन ग्रीन 19 रन आ एलेक्स कैरी 14 रन बनावल। मैथ्यू शॉर्ट नव, जोश इंग्लिश छव आ एडम जम्पा पांच रन बनाके आउट भइल लो। कप्तान स्टीव स्मिथ खाता ना खोल सकलें। भारत खातिर रविचंद्रन अश्विन आ रवींद्र जडेजा कातिलाना गेंदबाजी कइल लो। दुनो ने तीन-तीन विकेट लिहल लो। प्रसिद्ध कृष्णा के दु आ मोहम्मद शमी के एगो सफलता मिलल।

रवींद्र जडेजा तीन विकेट लेलें- फोटो : सोशल मीडिया

इंदौर में लगातार सातवां जीत

भारत इंदौर में आपन सानदार प्रदर्शन जारी रखले बा। इहां भारत के ई लगातार सातवां जीत हs। पहिला बेर इहां 2006 में इहां कवनो वनडे खेलले रहे। इहां सात वनडे में ओकरा कबो हार नइखे मिलल। ओहिजा, ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ इंदौर के होल्कर स्टेडियम में भारत के दूसरका जीत मिलल बा। 2017 में टीम इंडिया कंगारूअन के पांच विकेट से हरवले रहे।

रोहित शर्मा आ राहुल द्रविड़ – फोटो : सोशल मीडिया

रोहित-कोहली आ हार्दिक के होई वापसी

सीरीज के तीसरका मैच खातिर टीम इंडिया के नियमित कप्तान रोहित शर्मा, दिग्गज बल्लेबाज विराट कोहली, ऑलराउंडर हार्दिक पांड्या सहित विश्व कप खातिर चुनल गइल सब खिलाड़ी मवजूद रहेम। विश्व कप टीम के अलावे रविचंद्रन अश्विन आ वॉशिंगटन सुंदर मवजूद रही लो। दुनो के विश्व कप से पहिले एगो आउर ट्रायल होई। चोटिल अक्षर पटेल जदि ठीक नइखन होखत  तs अश्विन भा सुंदर के विश्व कप खातिर चुनल जा सकत बा।

647550cookie-checkIND vs AUS: ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ भारत सातवां वनडे सीरीज जीतल, अय्यर-गिल के बाद अश्विन-जडेजा कइल लो कमाल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.