IND vs PAK Final Playing-11: पाकिस्तान के खिलाफ भारत के सामने बस एके लक्ष्य- जीत, टीम इंडिया में हो सकेला बदलाव

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। एशिया कप 2025 के महामुकाबला खातिर सब कुछ तय हो गइल बा। आज अतवार के भारत आ पाकिस्तान बीच टी20 फाइनल दुबई इंटरनेशनल स्टेडियम में रात आठ बजे (भारतीय समय) से खेलल जाई। 41 बरिस के इतिहास में पहिलका बेर ई दुनो टीम फाइनल में आमने-सामने होई, जवना से रोमांच आ तनाव दुन्नु चरम पs बा।

भारतीय टीम में हो सकेला बदलाव, पाकिस्तान उतारी सेम टीम

भारतीय टीम में दुगो बदलाव हो सकेला। अर्शदीप सिंह आ हर्षित राणा के जगह शिवम दुबे आ जसप्रीत बुमराह के एंट्री हो सकत बा। जबकि पाकिस्तान के बिना बदलाव के मैदान पs उतरला के संभावना बा।

मैदान से बाहर चल रहल बा टकराव

एह हाई-वोल्टेज मैच के माहौल राजनीतिक बयानबाजी से गरम बा। टॉस आ मैच खतम होखला के बाद खिलाड़ी सब के हाथ ना मिलवला से आ पाकिस्तानी गेंदबाज हारिस रऊफ के विवादित इशारा, ई सब मिला के माहौल के तनाव वाला बना देले बा। रऊफ पs आईसीसी 30% मैच फीस के जुर्माना ठोकले बा, जबकि सूर्यकुमार यादव पs इहे सजा लागल बा। पाकिस्तान के गृह मंत्री मोहसिन नकवी के बयानबाजी से ई विवाद अउरी भड़क गइल बा।

भारत अजेय, बाकिर चोट चिंता के कारण

भारत अब तक अजेय रहल बा। हार्दिक पांड्या चोट से जूझ रहल बाड़ें, जबकि अभिषेक शर्मा ऐंठन से गुजर रहल बाड़ें। मोर्ने मोर्कल कहलें कि अभिषेक फिट बाड़ें, बाकिर हार्दिक पs फैसला मैच से पहिले होई।

अभिषेक सानदार फॉर्म में

अभिषेक शर्मा छव मैच में 309 रन ठोक चुकल बाड़ें। तिलक वर्मा दूसरका नंबर पs बाड़ें आ ऊ 144 रन बन बनवले बाड़ें। अभिषेक के भरोसा पs टीम खड़ा बिया, बाकिर जदि ऊ फाइनल में जल्दी आउट भइलें, तs बाकी बल्लेबाजन पs दबाव बन जाई।

पाकिस्तान के कमजोरी

पाकिस्तान के बल्लेबाजी पूरा टूर्नामेंट में अस्थिर रहल बा लो। सैम अयूब चार बेर जीरो पs आउट भइल बाड़ें, जबकि बाकी बल्लेबाज स्पिनरन के सामने ढेर होत रहल बा लोग। भारत के कुलदीप यादव आ वरुण चक्रवर्ती फेर अहम भूमिका निभा सकत बा लोग।

गेंदबाजन के भिड़ंत निर्णायक

भारत खातिर बुमराह आ हार्दिक पांड्या (भा अर्शदीप) नया गेना से अहम बा लोग, जबकि पाकिस्तान शाहीन अफरीदी आ हारिस रऊफ पs टिकल बा। ई टक्कर मैच के दिशा तय करी।

संभावित प्लेइंग-11

भारत: सूर्यकुमार यादव (कप्तान), शुभमन गिल (उपकप्तान), अभिषेक शर्मा, संजू सैमसन (विकेटकीपर), तिलक वर्मा, शिवम दुबे, अक्षर पटेल, जसप्रीत बुमराह, हार्दिक पांड्या/अर्शदीप सिंह, वरुण चक्रवर्ती, कुलदीप यादव।

पाकिस्तान: साहिबजादा फरहान, फखर जमां, सैम अयूब, सलमान आगा (कप्तान), हुसैन तलत, मोहम्मद हारिस (विकेटकीपर), मोहम्मद नवाज, फहीम अशरफ, शाहीन अफरीदी, हारिस रऊफ, अबरार अहमद।

Read Also: Mann Ki Baat : ‘मन की बात’ के 126वां एपिसोड जारी, पीएम मोदी लता मंगेशकर के देलें श्रद्धांजलि

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-