IND vs PAK : भारत बनल एशिया कप के बादशाह, तिलक आ कुलदीप के जलवा से पाकिस्तान पश्त

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 29, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत पाकिस्तान (IND vs PAK) के हराके एशिया कप 2025 के खिताब पs कब्जा कs लेलस। टीम इंडिया 2023 में वनडे फॉर्मेट में कप जीतले रहे आ अब 2025 में टी20 फॉर्मेट में आपन

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत पाकिस्तान (IND vs PAK) के हराके एशिया कप 2025 के खिताब पs कब्जा कs लेलस। टीम इंडिया 2023 में वनडे फॉर्मेट में कप जीतले रहे आ अब 2025 में टी20 फॉर्मेट में आपन दबदबा साबित कइलस। ई जीत भारत खातिर खास रहल, काहें कि पूरा टूर्नामेंट में ऊ अजेय रहल।

भारत टॉस जीत के पहिले गेंदबाजी के फैसला कइलस। कुलदीप यादव के जादुई गेंदबाजी से पाकिस्तान 19.1 ओवर में 146 रन पs ढेर हो गइल। कुलदीप अकेला 4 विकेट झटकलें, जबकि बुमराह, वरुण चक्रवर्ती आ अक्षर पटेल दू-दू विकेट लिहल लोग। पाकिस्तान खातिर साहिबजादा फरहान 57 रन आ फखर जमां 46 रन बनवलें, बाकिर उनकर पारी टीम के बचा ना सकल।

लक्ष्य के पीछा करत भारत के सुरुआत खराब रहल। अभिषेक शर्मा, शुभमन गिल आ कप्तान सूर्यकुमार यादव मात्र 20 रन पs आउट हो गइल लोग। एह से भारत के पारी संकट में आ गइल। बाकिर तिलक वर्मा क्रीज पs डट गइलें आ धीरे-धीरे मैच भारत के ओर खींच लेलें।

संजू सैमसन तिलक के संगे मिलके 57 रन के साझेदारी कइलें। भलही ऊ 24 रन पs आउट हो गइलें, बाकिर टीम के संभार देलें। बाद में शिवम दुबे मैदान पs उतर के तिलक के संगे जिम्मेदारी से खेललें आ 33 रन ठोकलें।

मैच के रोमांच आखिरी ओवर में पहुंचल। भारत के 6 गेना पs 10 रन चाहत रहे। तिलक आ रिंकू सिंह क्रीज पs रहे लोग। तिलक पहिला गेना पs 2 रन, दूसरका गेना पs छक्का आ तीसरका गेना पs सिंगल ले लेलें। स्कोर बराबरी पs आ गइल। चउथका गेना पs रिंकू सिंह विजयी चौका लगवलें आ भारत 19.4 ओवर में 150 रन बना के कप अपना नामे कs लेलस।

एह जीत पs पूरा टीम इंडिया खुसी से झूम उठल। कोच गौतम गंभीर, खिलाड़ी आ दर्शक लोग झंडा लहरावत जश्न मनवलें। तिलक बल्ला लहरावत जीत के जश्न मनवलें, जबकि पाकिस्तानी खिलाड़ी मायूस नजर आइल लोग।

एह टूर्भामेंट में भारत खातिर पाकिस्तान पs ई लगातार तिसरका जीत रहल। तिलक वर्मा के नाबाद 69 रन आ कुलदीप यादव के 4 विकेट भारत के ऐतिहासिक खिताब दिलवलस।

Read Also : Arrah News : आक्रांत बाबा के 96वीं जयंती पs स्मृतिग्रंथ के भइल विमोचन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.