Mann Ki Baat : ‘मन की बात’ के 126वां एपिसोड जारी, पीएम मोदी लता मंगेशकर के देलें श्रद्धांजलि

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 28, 2025

नई दिल्ली। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के रेडियो कार्यक्रम ‘मन की बात’ के अतवार के 126वां एपिसोड जारी कइल गइल। एह दौरान ऊ कहलें, मन के बात में रउआ सभे से जुड़ल, रउआ सभे से सीखल,

Share

नई दिल्ली। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के रेडियो कार्यक्रम ‘मन की बात’ के अतवार के 126वां एपिसोड जारी कइल गइल। एह दौरान ऊ कहलें, मन के बात में रउआ सभे से जुड़ल, रउआ सभे से सीखल, देस के लोगन के उपलब्धियन के बारे में जानल, हमरा के बहुते सुखद अनुभव देला। एक दूसरा के संगे अपना बातन के साझा करत, अपना मन के बात करत, हमरा पते ना चलल, ई कार्यक्रम 125 एपिसोड पूरा कs लेले बा।

ऊ कहलें, आज एह कार्यक्रम के 126वां एपिसोड हs आ आज के दिन के संगे कुछ विशेषता जुड़ल बा। आज भारत के दुगो महान विभूतियन के जयंती बा। हम बात कs रहल बानी शहीद भगत सिंह आ लता दीदी के। साथियन, अमर शहीद भगत सिंह हर भारतवासी, विशेष कs के देस के हर नवहन खातिर एगो प्रेरणा पुंज बा। निर्भीकता उनका स्वभाव में कूट-कूटके भरल रहे।

देस खातिर फांसी के फंदा पs झूलला से पहिले भगत सिंह जी अंग्रेजन के पत्र लिखले रहस। ऊ कहले रहस कि हम चाहत बानी कि रउआ हमरा आ हमरा साथियन से युद्धबंदियन जइसन बेवहार करे। एहिसे हमनी के जान फांसी से ना, सीधा गोली मारके लिहल जाये। ई उनका अदम्य साहस के प्रमाण बा। भगत सिंह लोगन के पीड़ा के प्रति बहुते संवेदनशील रहलें आ उनका मदद में हमेसा आगे रहत रहस।

Read Also: Gorakhpur News : डीएवी पीजी कॉलेज में महिला स्वास्थ्य आ स्वच्छता पs कार्यशाला के भइल आयोजन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.