Asia Cup 2025 : 41 बरिस में एशिया कप फाइनल में पहिला बेर भिड़ी भारत-पाकिस्तान, बांग्लादेश बाहर

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 26, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। पाकिस्तान बांग्लादेश के 11 रन से हराके एशिया कप 2025 के फाइनल में पहुंच गइल बा। अब ऊ खिताबी मुकाबला में भारत से भिड़े वाला बा। ई ऐतिहासिक फाइनल 28 सितंबर, अतवार के

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। पाकिस्तान बांग्लादेश के 11 रन से हराके एशिया कप 2025 के फाइनल में पहुंच गइल बा। अब ऊ खिताबी मुकाबला में भारत से भिड़े वाला बा। ई ऐतिहासिक फाइनल 28 सितंबर, अतवार के दुबई इंटरनेशनल स्टेडियम में खेलल जाई। बियफे के सुपर-4 मैच में पाकिस्तान पहिले बल्लेबाजी करत 20 ओवर में 8 विकेट पs 135 रन बनवलस। जवाब में बांग्लादेश के टीम 9 विकेट पर 124 रन बना सकल। पाकिस्तान खातिर शाहीन शाह अफरीदी आ हारिस रऊफ तीन-तीन विकेट चटकावल लोग, जबकि सैम अयूब के दूगो सफलता मिलल। मोहम्मद नवाज एक विकेट अपना नावे कइलें।

सुपर-4 के अंक तालिका

ग्रुप चरण में तीन में से दू मैच जीत के सुपर-4 में पहुंचल पाकिस्तान बियफे के जीत के बाद फाइनल में दाखिल हो गइल। एक दिन पहिले भारत बांग्लादेश के 41 रन से हराके फाइनल में जगह बना लेले रहे। अंक तालिका में भारत चार अंक आ 1.357 नेट रन रेट के संगे टॉप पs बा। पाकिस्तान दू जीत आ चार अंक के संगे 0.329 नेट रन रेट पs दूसरका नंबर पs बा। बांग्लादेश आ श्रीलंका क्रमशः तिसरका आ चउथका पायदान पs बा।

41 बरिस में पहिला बेर होई भारत-पाकिस्तान फाइनल

एशिया कप के सुरुआत 1984 में भइल रहे। 2016 में ई पहिला बेर टी20 फॉर्मेट में खेलल गइल। भारत आठ बेर कप जीते वाला टीम बिया, जबकि पाकिस्तान दू बेर आ श्रीलंका छव बेर ट्रॉफी उठवले बा। अब पहिला बेर एशिया कप के इतिहास में भारत-पाकिस्तान फाइनल में आमना-सामना करी। मौजूदा टूर्नामेंट में भारत पाकिस्तान के दू बेर हरवले बा आ अभी तक अजेय बा। पाकिस्तानी टीम खातिर खिताब जीतल आसान ना होई।

बांग्लादेशी गेंदबाजन के रहल दबदबा

बल्लेबाजी खातिर मुश्किल पिच पs बांग्लादेश के गेंदबाज पाकिस्तान के परेसान कइल लोग। तस्कीन अहमद तीन विकेट (28 रन पs) लेके पाक बल्लेबाजी के झकझोर देलें। रिशाद हुसैन आ महेदी हसन दू-दू विकेट चटकावल लोग। पाकिस्तान 49 रन पर पांच विकेट गंवा के जूझत रहे। बाद में मोहम्मद हारिस (31), अफरीदी (19) आ नवाज (25) के ताबड़तोड़ पारी टीम के सम्मानजनक स्कोर तक ले गइल।

पाकिस्तानी गेंदबाजन के कमाल

छोट लक्ष्य के बचाव पाकिस्तान के गेंदबाज सानदार ढंग से कइल लोग। शाहीन शाह अफरीदी 3 विकेट, हारिस रऊफ 3 विकेट, सैम अयूब 2 आ नवाज 1 विकेट लेके बांग्लादेश के 124 रन पs रोक दिहल लोग। बांग्लादेश खातिर शमीम हुसैन सबसे जादे 30 रन बनवलें। बाकी बल्लेबाजन के बल्ला खामोश रह गइल।

अब दुनो टीम के भिड़ंत से 41 बरिस पुरान इतिहास बदले जा रहल बा। अतवार के दिन भारत-पाकिस्तान के ऐतिहासिक जंग देखे के मिलल।

Read Also: NEET PG Counselling 2025 : जल्दिये जारी होई नीट पीजी काउंसलिंग के टाइमटेबल, इहां देखीं टॉप सरकारी कॉलेज

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.