[the_ad_group id="30365"]

काशी के विशाल पुल देखे पहुंचलें अश्विनी वैष्णव, बोललें- एह पर निकली चार रेलवे लाइन अउर छह लेन के हाईवे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के निर्वाचन क्षेत्र अउर देश के प्राचीन धार्मिक नगरी काशी में गंगा नदी पर विशाल नया पुल बन रहल बा। एह पुल पर 4 रेलवे लाइन अउर 6 लेन हाईवे होई। एकरे अलावा काशी रेलवे स्टेशन पर घाट बनावल जाई, जेसे अंतरदेशाीय जलमार्ग के बढ़ावा मिली।

केंद्रीय रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव आजु वाराणसी में एह दूनों परियोजना के निरीक्षण कइले के बाद मीडिया के ई जानकारी देहलें। ऊ बतवलें कि आजु दू बड़ परियोजना के निरीक्षण कइलीं। एमें गंगा नदी पर एगो नया पुल बन रहल बा, जेमें 4 रेलवे लाइन अउर 6 लेन हाईवे होई। अउर काशी रेलवे स्टेशन के पुनर्विकास होई। स्टेशन के कायाकल्प पर 350 करोड़ रुपया खर्च होई।

रेल मंत्री वैष्णव बतवलें कि काशी रेलवे स्टेशन के पास अंतरदेशीय जलमार्ग के घाट बनावल जाई। एहसे क्षेत्र का इंटर-मॉडल विकास होई। ऊ कहलें कि नयका तकनीक के साथ नई परियोजना शुरू कइले पर बहुत कुछ सिखने के जरूरत बा। सभे सिस्टम के आत्मसात कर रहल बा अउर ओसे सीख रहल बा। एह परियोजना के बाद देश भर में नयका गलियारन के निर्माण कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]