[the_ad_group id="30365"]

मशरक मे आशा कार्यकर्तन के आंदोलन के मिलल जय बिहार फाउंडेशन के साथ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक/धर्मेंद्र कुमार सिंह: आशा कार्यकर्तन द्वारा चलावल जा रहल राज्यव्यापी आंदोलन के जय बिहार फाउंडेशन के साथ मिल गइल बा आ ओह लोगन के आंदोलन के समर्थन देवे खातिर संस्था के पदाधिकारियन द्वारा सशक्त रूप से आवाज उठावत ओह लोगन के मांगन के जायज ठहरावल गइल।

सारण जिला के मसरख सामुदायिक स्वास्थ केंद्र पs आपन हक आ अधिकार खातिर प्रदर्शन कर रहल आशा आ आशा फैसिलिटेटर के धरना प्रदर्शन में आपन उपस्थिति दर्ज करावत जय बिहार फाउंडेशन के संस्थापक संजय कुमार सिंह कहलें कि सरकार के एह लोगन के मांगन पs गंभीरतापूर्वक विचार करे के चाहीं।

उपस्थित लोगन के संबोधित करत श्री सिंह कहलें कि आम दिनन में विपरीत परिस्थितियन में आशा कार्यकर्ता घाम आ बरसात के चिंता कइलें बिना आपन जिम्मेवारियन के निर्वहन करेला लो आ कोरोना काल में एह लोगन द्वारा जान जोखिम में डालके लोगन के जान बचावे के जवन प्रयास कइल गइल ओकरा के कबो भुलावल नइखे जा सकत, आ सरकारो के एह लोगन के सेवा के अहमियत समझत मांगन के मान लेवे के चाहीं।

मवका पs जय बिहार फाउंडेशन के संरक्षक महेश्वर सिंह कहलें कि आशा कार्यकर्तन द्वारा कइल जा रहल राज्यव्यापी हड़ताल के जय बिहार फाउंडेशन पूर्ण रूप से समर्थन करत बा। एह लोगन के आवाज के सरकार के हुक्मरानन तक पहुंचावे के हमनी के हर संभव प्रयास करेम सs काहेकि एह लोगन के जवन कवनो मांग बा ऊ जायज बा आ जायज मांगन के पूरा कइल सरकार के कर्तव्य बनत बा।

मालूम होखे कि पिछला दिनन से सामुदायिक स्वास्थ केंद्र मसरख में शांतिपूर्वक प्रदर्शन कs रहल आशा कार्यकर्तन पs पानी फेंकल जाये के घटना भइल रहे आ एह संदर्भ में फाउंडेशन के पदाधिकारियन द्वारा प्रभारी चिकित्सा पदाधिकारी के अवगत करावत हुए दोषी व्यक्ति के खिलाफ जल्दी कारवाई करे के मांग कइल गइल।

मवका पs जय बिहार फाउंडेशन के सदस्य शैलेश कुमार राय, मनोज सिंह, शिवकुमार राय, सुमित आशा कार्यकर्ता गायत्री देवी, भाग्यमणि देवी, नमिता सिन्हा सहित दर्जनन आशा कार्यकर्ता धरना प्रदर्शन मे सामिल रहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]