[the_ad_group id="30365"]

Happy Birthday : प्रयागराज जंक्शन से सज धज के नई दिल्ली खातीर रवाना भइल प्रयागराज एक्सप्रेस, काटल गइल केक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

नई दिल्ली जाए वाला प्रयागराज एक्सप्रेस अतवार के दिने 39 साल पूरा हो गइल। एह मौका पs जहां ट्रेन के एक-एक कोच में खास सजावट कईल जात रहे, दूसरा ओर, एकरा जाए से पहिले प्रयागराज एक्सप्रेस के इंजन के सोझा केक काट दिहल गईल। रात के 10.10 बजे से पहिले करीब एक मिनट ले ‘टन टन टन’ के आवाज आईल अवुरी ओकरा बाद ट्रेन अपना गंतव्य नई दिल्ली खातीर रवाना हो गईल।

एह दौरान प्लेटफार्म पs मौजूद रेलवे अधिकारी आ कर्मचारी यात्रियन के अभिवादन करत खुशहाल यात्रा के कामना कइलन, फैंस क्लब के सदस्य साँझ से ट्रेन के सगरी 24 गो कोच के सजावे में लागल रहले।

हर कोच पs गुब्बारा भी लगावल गइल। इंजन भी फूल से सजावल रहे। बता दीं कि रविवार के प्रयागराज एक्सप्रेस के संचालन के 39 साल पूरा हो चुकल बा 2019 में एकर वर्षगांठ मनावे के परंपरा शुरू हो गईल। तब ट्रेन के 35 साल पूरा हो गईल रहे। ओह दौरान महाप्रबंधक राजीव चौधरी आ डीआरएम अमिताभ पहिला बेर प्रयागराज एक्सप्रेस के 35वां सालगिरह मनवले रहले।

एह समारोह में पहिला बेर 16 जुलाई 1984 के चलल प्रयागराज एक्सप्रेस के स्टाफ के भी सम्मानित कइल गइल। हालांकि ओकरा बाद 2020 अवुरी 21 में कोविड के चलते रेलवे के ओर से कवनो समारोह ना भईल, लेकिन पछिला साल अवुरी ओकरा बाद अबकी बेर सीपीआरओ हिमांशु शेखर उपाध्याय, सीनियर डीसीएम हिमांशु शुक्ला, स्टेशन निदेशक वीके द्विवेदी, पीआरओ अमित सिंह, स्टेशन मैनेजर दिलीप ठाकुर आदि के मौजूदगी में जंक्शन पs केक भी काटल गइल। प्रयागराज एक्सप्रेस से सफर करत प्रशांत मिश्रा, अंकुर, रहमान अवुरी सिद्धार्थ ठाकुर नाम के यात्री बतवले कि दिल्ली जाए खातीर प्रयागराज से निमन ट्रेन नईखे।

फैंस क्लब लगईले प्रदर्शनी, सेल्फी पॉइंट बनवलस 

प्रयागराज एक्सप्रेस के 39 साल पूरा होखे के मौका प प्रयागराज फैंस क्लब के ओर से प्लेटफार्म नम्बर एक प प्रदर्शनी के आयोजन भी कईल गईल। एहमें 39 साल के सफर के चित्रण करे वाला कुछ स्टैंडी लगावल गइल. सेल्फी पॉइंट भी बनावल गईल। फैंस क्लब के सदस्य दिल्ली इंजीनियरिंग कॉलेज के हर्षित शर्मा बतवले कि ट्रेन के सजावे अवुरी आयोजन के यादगार बनावे में क्लब के शिवांग टंडन, चंदन, अनुभव, सौरभ सिंह के खास योगदान रहे।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]