[the_ad_group id="30365"]

सुबेरे जल्दी उठले में आवेला आलस तs करीं ई काम, शरीर के मिली फुर्ती; बदल जाई इs गंदा आदत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सुबेरे के समय उठल सेहत के खातिर बेहद फायदेमंद मानल जाला। सुबेरे उठले से लोग पूरा दिन एक्टिव महसूस करेला आ एसे सेहत के कईगो तरह के फायदा होला साथे कईगो पेंडिंग काम आसानी से हो जाला। लेकिन अक्सर अइसन होला की सुबेरे के समय उठले में लोगन के बहुत जादा आलस आवेला आ लोग चाह के उठ नाहीं पावेला। कई बेर तs लोग उठ जाला तs बहुत जादा थकान महसूस होला आ उs वापस सुत जाला। चली हम रउरा के बताएब कि सुबेरे उठे खातिर आपके का करे केs चाहि?

सुबेरा उठला खातिर करीं ई चीज़

रात के जल्दीए सुतले के आदत डालीं: अगर रउरा सुबेरे के समय जल्दी उठल चाहेनी तs सबसे पहिले रात के जल्दी सुतले के आदत डालीं। काहेकी, अगर रउरा राती के लेट सुतब तs सुबेरे जल्दी नाहीं उठ पाइब। एसे सुबेरे उठे के खातिर एगो स्लीपिंग शेड्यूल बनाईं आ ओके फॉलो करीं।

अलार्म के रिपीट मोड़ पs रखीं: सुबेरे उठे के खातिर सबसे पहिले अलार्म सेट करीं। कई बेर हम सुतल रहेनी आ कब सुबेरे के 9-10 बज जाला हमनी के पता नाहीं चलेला। एसे रउरा अलार्म के रिपीट मोड़ पs सेट करीं। अगर एक आ दु बेर में आप नाहीं उठ पाएब तs कम से कम तीसरा बेर में ज़रूर उठ जाएब।

सुबेरे उठ के योग करीं: अगर राउर नींद पूरा होई तd सुबेरे उठल आपके खातिर एतना मुश्किल टास्क नाहीं होईं। लेकिन सुबेरे उठले के बादे आप योग ज़रूर करीं। एसे आपके शरीर आ मन के पॉजिटिव एनर्जी मिली आ आपके पूरा दिन थकान आ आलस नाहीं आईं। सुबह योग क‌इले से अगला सुबेरे आपके खातिर उठल आसान हो जाईं। एसे सुबेरे उठ के आप बलासन, तितली पोज़ ज‌इसे आसान करीं।

कैफीन युक्त चीज़ ना खाईं: कैफीन से भरल चीज़न के ख‌इले से हमनी के बहुते आलस आवेला। एसे अगर सुबेरे जल्दी उठल चाहतानी , तs रात के समय कवनो तरह के कैफीन पदार्थन के सेवन नाहीं करीं। ज‌इसे- डार्क चॉकलेट, कॉफी, चाय ए सगरी चीजन से परहेज करीं।

( एह आर्टिकल सामान्य जानकारी खातिर बा, कवनो उपाय के अपनावे से पहिले डॉक्टर से परामर्श अवश्य लेंईं)

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]