[the_ad_group id="30365"]

तीरंदाजी : तरुणदीप आ रिद्धि के पहिला बेर तीरंदाजी के मिश्रित टीम स्पर्धा में स्वर्ण पदक पs कब्जा 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत तीरंदाजी विश्व कप चरण एक में दूसरा स्वर्ण पदक जीत लेलस। अतवार के तरुणदीप राय आ रिद्धि फोर के मिश्रित टीम पिछड़ला के बाद वापसी करत शूटऑफ में ग्रेट ब्रिटेन के हरवलस। ग्वांगझू एशियाई खेल 2010 में रजत पदक जीते आला 38 साल के राय के विश्व कप में पहिला मिश्रित टीम पदक हs। 17 साल के रिद्धि  के ई विश्व कप में पहिला पदक हs।

धैर्य के संगे दर्ज कइल लो जीत

ई जोड़ी शानदार जज्बा देखावत दु बेर पिछड़ला के बाद जीत दर्ज कइलस। पहिला बेर जोड़ी बनाके खेल रहल दु बेर के ओलंपियन राय आ युवा रिद्धि पहिले 0-2 आ फेर 2-4 से पिछड़त रहे लो बाकिर भारतीय जोड़ी धैर्य बरकरार रखलस आ  5-4 (35-37, 36-33, 39-40, 38-37) (18-17) से जीत दर्ज कइलस।

दु स्वर्ण के संगे अंत

भारत एह कैलेंडर बरिस के पहिला टूर्नामेंट में अपना अभियान के अंत दु गो स्वर्ण पदक के संगे कइलस। किया। सनिचर के अभिषेक वर्मा, रजत चौहान आ अमन सैनी के कंपाउंड पुरुष टीम स्वर्ण पदक जीतले रहे।

शूटऑफ में मिलल जीत

शूट आफ में दूनों भारतीय खेलाड़ी नौ अंक जुटावल लो जबकि ब्रायोनी पिटमैन आ एलेक्स वाइस के ब्रिटेन के  जोड़ी नौ आ आठ अंक जुटवलस। भारतीय जोड़ी के शुरुआत खराब रहल। दुनों खेलाडी पहिला दू कोसिस में आठ-आठ अंक जुटावल लो आ पहिला सेट दू अंक से हार गइल लो। राय आ रिद्धि दूसरा सेट के जीत के स्कोर बराबर करे में सफल रहल लो। जब ब्रिटेन के जोड़ी सात आ आठ अंक के संगे खराब प्रदर्शन कइल। तीसरा सेट बड़ अंक आला रहल। राय आ रिद्धि ने 40 में 39 अंक जुटावल लो बाकिर प्रतिद्वंद्वी जोड़ी ने पूरा 40 अंक जुटाके बढ़त बना लेलस। राय आ रिद्धि एकरा बाद दू बेर 10 अंक के संगे प्रतिद्वंद्वी जोड़ी पs दबाव बनावल लो, जे गलती कs गइल लो आ भारतीय जोड़ बराबरी हासिल कs लेलस आ फेर शूटऑफ में मैच जीत लेलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]