Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एशियाई कुश्ती चैम्पियनशिप: बजरंग आ गौरव के रजत

177

बजरंग आ गौरव के रजत

बजरंग पूनिया (65 किग्रा) आ गौरव बालियान (79 किग्रा) के फाइनल में हारके रजत पदक संतोष करे के पड़ल। बजरंग के ईरान के रहमान मूसा के हाथे 1-3 से हार मिलल। गौरव के ईरान के अली बख्तियार से मात मिलल। टोक्यो ओलंपिक के बाद से बजरंग का ई पहिला पदक आ पहिला टूर्नामेंट हs। एकरा पहिले बजरंग उज्बेकिस्तान के अब्बोस रखमोनोव आ ब्रूनेई के हाजी मोहम्मद अली के आसानी से हराके  फाइनल में जगह बनवले रहस। गौरव क्वार्टर फाइनल में तुर्कमेनिस्तान के गुरबनमायरत ओवेजबर्डियेव के  28 सेकंड में धूरा चटा देले रहस। सेमीफाइनल में किर्गिस्तान के अरसलान बुडाजापोव उनका के मजबूत चुनौती देले। जब 14 सेकंड के समय बांचल रहे तब गौरव 4-5 से पाछे चलत रहस बाकिर ऊ जल्दिये 6-5 कइले आ आखिर में 8-5 से जीत हासिल कइले।

नवीन सत्यव्रत के कांसा

नवीन (70 किग्रा) आ सत्यव्रत कादियान (97 किग्रा) कांस्य पदक जीतल लो । नवीन प्लेऑफ मुकाबला में मंगोलिया के तेमुलेन एनखेतुया के एकतरफा मुकाबला में 8-0 से आ सत्यव्रत तुर्कमेनिस्तान के जेड सपरोव के 10-0 से हरवले।

244870cookie-checkएशियाई कुश्ती चैम्पियनशिप: बजरंग आ गौरव के रजत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.