[the_ad_group id="30365"]

भगवान श्री राम पर आपत्तिजनक टिप्पणी करे के आरोप में मुस्लिम प्रवक्ता के खिलाफ शिकायत दर्ज करवले भाजपा नेता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाजपा नेता अभिजात मिश्र मुस्लिम प्रवक्ता तस्लीम रहमानी के खिलाफ हजरतगंज थाना में शिकायत दर्ज करवले बाड़े। उ भगवान श्री राम प आपत्तिजनक टिप्पणी करे के आरोप लगा के मामला दर्ज करावे के मांग कईले बाड़े। एसीपी हजरतगंज के मुताबिक तहरीर मिल गईल बा, मामला के जांच कईल जाता। जांच के बाद मामला दर्ज कईल जाई।

कैसरबाग के सुंदर बाग निवासी अभिजात मिश्र भारतीय जनता पार्टी के वरिष्ठ नेता हवे। अभिजात मिश्रा के मुताबिक, उ राष्ट्रीय स्तर के न्यूज चैनल प यूट्यूब के माध्यम से सोशल मीडिया प ए बहस के देखले। जवना में तस्लीम रहमानी एमपीसीआई के अध्यक्ष मुस्लिम प्रवक्ता के रूप में आपन बयान देत रहले।

एह दौरान उ भगवान राम के बारे में एगो आपत्तिजनक टिप्पणी कईले। तस्लीम रहमानी के एह अपमानजनक बयान से पूरा हिन्दू समाज के भावना आहत हो गइल बा. इ बयान तस्लीम रहमानी जानबूझ के दुनो संप्रदाय के बीच दुश्मनी अवुरी नफरत फैलावे के मकसद से देले बाड़े।

एह कथन के चलते समाज में शांति भंग होखे के संभावना बा। भाजपा नेता ए मामला में तस्लीम रहमानी प मुकदमा दर्ज करे के मांग कईले बाड़े। हजरतगंज एसीपी अखिलेश कुमार सिंह के मुताबिक तहरीर मिलल बा। मामला के जांच कईल जाता। जांच पूरा होखला के बाद कार्रवाई कईल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]