[the_ad_group id="30365"]

भारत में आजु से शुरू होइ Apple iPhone 15 सीरीज के सेल, जानी केतना कीमत आ कहां से खरीद पाएब 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

एप्पल 13 सितंबर के आईफोन 15 सीरीज लॉन्च कईले रहे। एकरा में चार गो मॉडल शामिल बा। भारत में एप्पल आईफोन 15 के प्री-बुकिंग 15 सितंबर से शुरू हो गईल। आईफोन 15 22 सितंबर से स्टोर में उपलब्ध होई। आईफोन 15 के बिक्री बियफे से देश भर के इलेक्ट्रॉनिक्स रिटेलर विजय सेल्स के 128 स्टोर पs शुरू हो जाई। एह स्मार्टफोन खातिर आसान भुगतान विकल्प भी दिहल जाई। विजय सेल्स आईफोन के एक्सेसरीज के संगे प्रोटेक्ट+ पs छूट दे रहल बा। हालांकि, इ जान के आपके हैरानी होई कि मेड इन इंडिया होखला के बावजूद भारत में एकर दाम अमेरिका अवुरी दुबई के मुक़ाबले सबसे जादे बा। प्रो वेरिएंट में दाम के अंतर अवुरी बढ़ जाला।

आईफोन के नयका सीरीज में आईफोन 15, आईफोन 15 प्लस, आईफोन 15 प्रो अवरू आईफोन 15 प्रो मैक्स शामिल बा। आईफोन 15 प्रो अवरू आईफोन 15 प्रो मैक्स में भी आईफोन 15 अवरू आईफोन 15 प्लस निहन यूएसबी टाइप-सी चार्जिंग पोर्ट बा। नयका ए17 बायोनिक चिपसेट के इस्तेमाल आईफोन 15 के प्रो मॉडल में कईल गईल बा। कंपनी के दावा बा कि ए चिपसेट में ए16 से बेहतर दक्षता अवुरी जादा पावर बा।ए स्मार्टफोन में 6.7 इंच के स्क्रीन बा।

एचडीएफसी बैंक कार्ड के माध्यम से कवनो आईफोन 15 सीरीज के स्मार्टफोन खरीदला प 5000 रुपया तक के तुरंत कैशबैक मिल सकता। एकरा अलावे ग्राहक के कैशफाई के माध्यम से 6000 रुपया तक के एक्सचेंज बोनस के विकल्प भी होई। विजय सेल्स ग्राहकन के 24 महीना तक नो कॉस्ट ईएमआई सुविधा भी दे रहल बा।

एप्पलकेयर+ पs 20 प्रतिशत छूट मिली

आईफोन 15 सीरीज के स्मार्टफोन खरीदे वाला लोग के एप्पलकेयर+ पs भी 20 प्रतिशत छूट मिली। एप्पलकेयर+ में 50 जीबी आईक्लाउड स्टोरेज के संगे आकस्मिक नुकसान से बचाव अवुरी एकही दिन के स्क्रीन रिपेयर भी दिहल गईल बा।

iPhone 15 सीरीज के स्पेसिफिकेशन

-डिस्प्ले 6.10 इंच

-प्रोसेसर एपल A16 बायोनिक

-फ्रंट कैमरा 12 मेगापिक्सल

-रियर कैमरा 48 मेगापिक्सल + 12 मेगापिक्सल

-रैम 8 जीबी

-स्टोरेज 128 जीबी

-ओएस आईओएस 17

-रिज़ॉल्यूशन 1179×2556 पिक्सल

एकरा में केतना खर्चा होई?

अमेरिका में आईफोन 15 के कीमत 799 डॉलर अवरू आईफोन 15 प्लस के कीमत 899 डॉलर बा। जबकि आईफोन 15 प्रो के दाम 999 डॉलर अवुरी आईफोन 15 प्रो मैक्स के दाम 1199 डॉलर राखल गईल बा। भारत में एकर शुरुआती कीमत 79,999 रुपया राखल गईल बा। इ दाम आईफोन 15 सीरीज के बेस 128 जीबी मॉडल के बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]