[the_ad_group id="30365"]

64MP कैमरा, 120Hz कर्व्ड डिस्प्ले आ सानदार डिजाइन के संगे आज लॉन्च होई Vivo के 5G स्मार्टफोन, जानीं खूबी 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वीवो अपना भारतीय ग्राहकन खातिर आज Vivo T2 Pro 5G लॉन्च करे जा रहल बा। लॉन्चिंग से पहिलही फोन के कइयन स्पेसिफिकेशन के लेके कंपनी जानकारी दे चुकल बिया। जदि रउओ एगो नया स्मार्टफोन किने के प्लान बना रहल बानी तs Vivo T2 Pro 5G के लॉन्चिंग के लेके जानकारी चेक कs सकत बानी।

Vivo T2 Pro 5G कवना खूबियन के संगे आ रहल बा

Vivo T2 Pro 5G के प्रोसेसर, डिस्प्ले आ थिकनेस के लेके कंपनी टीजर के संगे ऑफिशियल जानकारी दे चुकल बिया-

  • Vivo T2 Pro 5G स्मार्टफोन के कंपनी 6.78 इंच के 3D Curved Amoled Display के संगे ले आ रहल बिया।
  • फोन में 1300 निट्स पीक ब्राइटनेस दिहल जा रहल बा। एही के संगे फोन के डिस्प्ले 120Hz रिफ्रेश रेट के संगे ले आवल जा रहल बा।
  • Vivo T2 Pro 5G स्मार्टफोन के 0.736cm के थिकनेस के संगे ले आवल जा रहल बा। वीवो के दावा बा कि फोन सेगमेंट के सबस पतला फोन होई।
  • वीवो के नया फोन के MediaTek Dimensity 7200 प्रोसेसर के संगे ले आवल जा रहल बा।
  • कैमरा स्पेसिफिकेशन के बात करीं तोs Vivo T2 Pro 5G स्मार्टफोन के 64MP प्राइमरी कैमरा के संगे ले आवल जा रहल बा।
  • फोन के रियर में कंपनी OIS (Optical Image Stabilization) कैमरा पेश कs रहल बिया।
  • vivo T2 Pro 5G स्मार्टफोन के 9x लाइट एमिटिंग एरिया के संगे दिखावल गइल बा।

दरअसल, वीवो के नया स्मार्टफोन (Vivo T2 Pro 5G0 iQOO Z7 Pro 5G के रिब्रांडेड वर्जन मानल जा रहल बा। वीवो के अपकमिंग स्मार्टफोन आज दुपहरिया 12 बजे लॉन्च कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]