[the_ad_group id="30365"]

एपल अपने एप स्टोर से ‘ट्विटर’ के हटावे के धमकी दिहलस, एलन मस्क लगवलें बड़ आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दुनिया के सबसे अमीर आदमी अउर टेस्ला कंपनी के मालिक एलन मस्क जब से ट्विटर के खरीदले बानें तब से आए दिन कौनो न कौनो नया विवाद सोझे आ रहल बा। एह बार जो मामला बा ऊ आईफोन बनावे वाली कंपनी एपल के ले के बा। दरअसल, एलन मस्क आरोप लगावत कहले बानें कि एपल अपने एप स्टोर से ‘ट्विटर’ के हटावे के धमकी दिहले बानें। मस्क कहनें कि एपल, ट्विटर को ब्लॉक करे खातिर हर तरह से दबाव डाल रहल बा। इहां ले कि Iphone निर्माता सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पर विज्ञापन भी देहल बंद कs दिहलें।

कंटेंट मॉडरेशन के नाम पर APPle बना रहल बा Twitter पर दबाव

एलन मस्क आरोप लगावत कहनें कि कंटेंट मॉडरेशन के मांग पर एपल, ट्विटर पर दबाव डाल रहल बा। एपल द्वारा कइल गइल कार्रवाई आसामान्य नइखे काहेसेकि बेर-बेर अन्य कंपनियन पर भी नियम थोपे के कोशिश कइल जा रहल बा। एही के तहत ऊ गैब अउर पार्लर जइसन ऐप्स के हटा दिहले बा। पार्लर के एपल द्वारा 2021 में एप द्वारा अपने सामग्री अउर कंटेंट मॉडरेशन के अपडेट कइले के बाद बहाल कइल गइल रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]