[the_ad_group id="30365"]

बिहार के चर्चित IPS विकास वैभव के सरकारी पिस्टल चोरी, हिरासत में लिहल गइल आवास पs काम करे वाला जुवक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

IPS Vikas Vaibhav: बिहार के पुलिस महकमा से एगो चौंकावे वाला खबर सामने आ रहल बा। चर्चित आइपीएस अधिकारी विकास वैभव के सरकारी पिस्टल चोरी हो गइल बा। पटना इस्थित उनका आवासे से केहु पिस्टल के गायब कs दिहल बा। ओहिजा एह ममिला में आवास पs काम करे वाला एगो होमगार्ड के बेटा के हिरासत में लेके पुलिस पूछताछ कर रहल बा।

सरकारी पिस्टल गायब

आइपीएस विकास वैभव बिहार के चर्चित पुलिस पदाधिकारियन में एके बा। कबो अपना पुलिसिंग तs कबो बिहार के आगे बढ़ावे खातिर अपना द्वारा कइल जा रहल प्रयासन के लेके सुर्खियन में रहे वाला विकास वैभव फिलहाल अपना सरकारी पिस्टल के लेके सुर्खियन में बा। उनका आवासे से कवनो अज्ञात उनकर सरकारी पिस्टल गायब कs दिहल। जब आइपीएस विकास वैभव बियफे के आपन पिस्टल निकाले के चहलें तs उ जगह से गायब मिलल, जहां ऊ रखलें रहस।

हिरासत में चौकीदार के बेटा

IG विकास वैभव जब छानबीन कइलें तs पिस्टल कहीं ना मिलल। जानकारी के मोतबिक, गर्दनीबाग थाना में शिकायत दर्ज करावल गइल बा। ओहिजा शक के आधार पs एगो चौकीदार के बेटा के गर्दनीबाग थाना के पुलिस हिरासत में लिहल गइल बा। दरअसल, आइजी विकास वैभव के आवास पs एगो चौकीदार के ड्यूटी रहत रहे। ओकर तबीयत खराब होखला के वजह से ओकर बेटा आके साफ-सफाई के काम कर रहल बाड़ें। विकास वैभव के जब ओकर पs शक भइल तs ओकरा से पूछताछ कइल गइल। एह दौरान ओकर भूमिका संदिग्ध लागल तs  हिरासत में लिहल गइल।

9 MM के ग्लॉक पिस्टल

बता दीं कि विकास वैभव के पुलिस मुख्यालय के तरफ से 9 MM के ग्लॉक पिस्टल आवंटित कइल गइल रहे। पुलिस ममिला के छानबीन कर रहल बा। सीसीटीवी फुटेजो खंगाले जा रहल बा।

साभार: प्रभात खबर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]