Chhattisgarh Blast: बीजापुर में नक्सलियन के एगो आउर धमाका, आईईडी धमाका में दुगो जवान घायल

Anurag Ranjan
सांकेतिक तस्वीर

छत्तीसगढ के बीजापुर जिला में एक बेर फेर नक्सलियन के ओर से प्लांट आईईडी के चपेट में आके सुरक्षाबलन के जवान घायल हो गइल बा लो। घायलन के उपचार खातिर बीजापुर अस्पताल ले आवल गइल बा। घायल जवानन के नाम मृदुल बर्मन आ मोहम्मद इसहाक बा। जेकरा गोड़ में चोट लागल बा। दुनो जवान कोबरा यूनिट से बा लो आ रायपुर रेफर कs दिहल गइल बा लो।

मिलल जानकारी के मोताबिक, जिला के बासागुड़ा थाना क्षेत्र पुतकेल कैंप से सीआरपीएफ आ कोबरा के संयुक्त पार्टी एरिया डॉमिनेशन पs निकलल रहे। एरिया डॉमिनेशन ड्यूटी के दौरान नक्सलियन द्वारा प्लांट कइल गइल आईईडी के ब्लास्ट होखला से एकरा चपेट में आके सुरक्षाबल के दुगो जवान घायल हो गइल लो।

दुनो घायल जवानन के बीजापुर अस्पताल ले आवल गइल। इहां ओह लोगन के उपचार चल रहल बा। बतावल गइल बा कि जवानन के हालत सामान्य आ खतरा से बाहर बतावल गइल बा। बता दीं कि बीतल 12 जनवरी के जांगला थाना क्षेत्र के जैगुर के लगे नक्सलियन के ओर से आईईडी प्लांट कइल गइल रहे। जवना के चपेट आके में डीआरजी के दुगो जवान रामसाय मज्जि आ गजेंद्र साह घायल हो गइल लो। ओह लोगन के बेहतर उपचार खातिर रायपुर भेजल गइल बा।

Read Also: Saif Ali Khan Attacked: सैफ अली खान पs भइल हमला ममिला में पुलिस के एक्शन, हिरासत में तीन संदिग्ध

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।