[the_ad_group id="30365"]

पंजवार में सम्पन्न भइल वार्षिक सामान्य ज्ञान प्रतियोगिता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रखंड क्षेत्र के परिवार में प्रतिवर्ष आयोजित होखे वाली सामान्य ज्ञान प्रतियोगिता के लिखित परीक्षा प्रभा प्रकाश डिग्री कॉलेज परिसर में संपन्न भइल। एह प्रतियोगिता के अध्यक्ष डॉ बीएस यादव के नेतृत्व में आयोजित कइल गइल। कार्यक्रम के संचालन समाजसेवी संजय कुमार सिंह कइलें।

श्री सिंह कहनें कि जूनियर ग्रुप में 728 अउर सीनियर में 404 विद्यार्थी लोग प्रतिभाग कइलें। जूनियर ग्रुप में कक्षा 5 से 8 तक के विद्यार्थी अउर सीनियर ग्रुप में 9 से 12 तक के विद्यार्थी लोग भाग लिहल। एह प्रतियोगिता में बिहानही से छात्र-छात्रा लोग के झुंड पंजीकरण करावे खातिर पंजवार के ओर बढ़े लगनें।

अलग-अलग स्कूल के अध्यापक अउर अभिभावक प्रतिभागी लोग के ले के आवे लगनें। समिति के द्वारा पंजीकरण खातिर एक दर्जन काउंटर लगावल गइल रहे। 22 दिसंबर के लिखित परीक्षा के परिणाम घोषित होई। एही दिन चुनल गइल विद्यार्थियन के बीच मुख्य मुकाबला होई।

1994 से संचालित एह प्रतियोगिता के प्रथम विजेता रघुनाथपुर निवासी आईपीएस अधिकारी हरिनारायणचारी मिश्रा रहल बानें। एह प्रतियोगिता के विजेता अलग-अलग क्षेत्र में देश अउर आज के सेवा कs रहल बानें।

कार्यक्रम के सफल बनावे खातिर सुबहिये से नव चेतना समिति के अध्यक्ष छोटन राय, उपाध्यक्ष कृष्णकांत सिंह, सीपी शुक्ला, संतोष सिंह पिंटू, संतोष सिंह, शिक्षक रमण तिवारी, निरुपमा सिंह निहारिका, निशा, बंटी, रविकांत, उपेंद्र, बैठा, शिक्षक विवेक पांडे, मृत्युंजय कुमार, संदीप कुमार आदि लोग सक्रिय दिखल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]