Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मेहनत के मिसाल बनल यूपी के ई गांव, 75 परिवारन में बानें 47 IAS, IPS अफसर, बन सकsता अगिला यूपीएससी सिविल सेवा केंद्र

708

दिल्ली के अक्सर भारत के यूपीएससी सिविल सेवा तैयारी केंद्र कहल जाला, जहां सालाना आयोजित होखे वाली आईएएस परीक्षा खातिर कई कोचिंग संस्थान अउर सुविधा उपलब्ध बा। हालांकि, ईस्ट यूपी के एगो छोट के गांव से सिविल सर्वेंट भारत में कौनहूँ दूसर जगही के तुलना में बहुत ज्यादा बानें। माधो पट्टी नाम के गांव में 75 परिवार अइसन बा जेमें से 47 में आईएएस, आईपीएस, आईएफएस, आईआरएस अधिकारी बानें।

हैरानी के बात बा कि एह गांव में अधिकारियन चाहे उम्मीदवारन के बनावे खातिर कौनो कोचिंग चाहे सुविधा नइखे, लेकिन जइसन कि ऊ सब लोग कहेंने कि प्रेरणा हमेशा सबसे ऊपर होला, आईं जानल जाव अफसरन के गांव कहे जाए वाले एह गांव के सफलता के कहानी के बारे में..!

अधिकारियन के संख्या एतना ज्यादा बा कि गांव में कौनहू त्योहार के टाइम सब जगही लाल नीला बत्ती वाला कार से भर जाला। अब एह पर प्रतिबंध लगा दिहल गइल बा लेकिन जौने बेरा अइसन नाइ रहल, गांव के माहौल लाल अउर नीला हो जात रहे।

एक्के परिवार में 5 भाई आईएएस

ई 1995 के बात ह जब माधो पट्टी के एगो परिवार रिकॉर्ड बनवले रहे। परिवार में सबसे बड़ बेटा विनय सिंह यूपीएससी सिविल सेवा पास कइलें अउर आईएएस बने. रिटायरमेंट के समय ऊ बिहार के प्रधान सचिव रहनें।

एकही परिवार के भाई छत्रपाल सिंह अउर अजय कुमार सिंह, जे 1964 में IAS अधिकारी बने खातिर सिविल सेवा परीक्षा पास कइलें। सबसे छोट भाई, शशिकांत सिंह भी 1968 में IAS अधिकारी बनलें। त ई 5 भाइयन वाला परिवार बा, जेमें सभे IAS अधिकारी बा। अब रिकॉर्ड शशिकांत सिंह के बेटे यशस्वी सिंह द्वारा बढ़ावल गइल बा जे 2002 सीएसई में 31वीं रैंक हासिल कइले रहनें।

इतिहास

ई सब 1914 में शुरू भइल जब गांव के पहिला व्यक्ति अधिकारी बनल रहनें। मुस्तफा हुसैन ही एह लकीर के शुरुआत कइले रहनें। ऊ 1914 में अधिकारी बनलें। 1951 में दूसरा अधिकारी रहनें इंदु प्रकाश 1951 में यूपीएससी के परीक्षा पास कइलें अउर सेकेंड टॉपर के खिताब हासिल कइलें। एकरे बाद 1953 में विद्या प्रकाश अउर विनय प्रकाश सीएसई क्वालिफाई कइलें। फिर आइल 5 आईएएस अधिकारियन के परिवार जेकर जिक्र ऊपर कइल जा चुकल बा।

हैरानी के बात त ई रहल कि ए लोग के अफसर बने खातिर कौनो बाहरी मदद के जरूरत नाइ पड़ल। ऊ बिना कौनो कोचिंग के क्वालिफाई कइलें।

गांव के पुरुषे नाइ बलुक गांव के महिला, बेटी अउर बहू लोग भी IAS अधिकारी बनल बाड़ी। 1980 में आशा सिंह आईएएस अधिकारी बनली। एकरे बाद 1982 में उषा सिंह अउर क्रमशः 1983 अउर 1994 में इंदु सिंह अउर सरिता सिंह के स्थान रहल।

एह गांव के अधिकारी न खाली मेहनत के मिसाल बानें बलुक प्रेरणा अउर निम्मन करे के जज्बा के भी मिसाल बानें. पूरे भारत में यूपीएससी के उम्मीदवारन के इहां के अधिकारियन से प्रेरणा लेवे के चाहीं।

414680cookie-checkमेहनत के मिसाल बनल यूपी के ई गांव, 75 परिवारन में बानें 47 IAS, IPS अफसर, बन सकsता अगिला यूपीएससी सिविल सेवा केंद्र

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.