[the_ad_group id="30365"]

अजब-गजब: निकाय चुनाव में बनल एगो अनोखा रिकॉर्ड, पार्षद प्रत्याशी के ना मिलल एको वोट, खुद के वोट तक खाता में ना! 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

निकाय चुनाव 2023 में अइसे तs तमाम रिकॉर्ड बनल बा, बाकिर गरौठा तहसील में एगो अइसन रिकॉर्ड बनल बा जवना के ना तs रउआ पहिले कबो सुनले होखेम आ ना देखले होखेम।

दरअसल, पार्षद पद के एगो प्रत्याशी के खाता में एको गो मत पत्र ना निकलल। ई खबर समूचा तहसील में जंगल के आग लेखा फइल गइल। लोग सोच के हैरान बा कि आखिर प्रत्याशी अपने वोट अपना पक्ष में काहे ना डललस?

गुरसरांय नगर पालिका परिषद के वार्ड नंबर-23 से पार्षद प्रत्याशी राकेश कुशवाहा खाली जिले ना बलुक प्रदेश में पहिला बेर एगो नया चुनावी रिकॉर्ड बनवले बाड़ें। वार्ड नंबर-23 से इनका कवनो मत नइखे मिलल। ई पहिला बेर देखल गइल बा कि चुनाव में खड़ा प्रत्याशी के खाता में शून्य वोट पड़ल बा। लोगन के आश्चर्य एह बात के बा कि आखिर कइसे उनका खुद के वोट तक ना मिलल।

एह चुनाव परिणाम के अइला के बाद पूरा गरौठा तहसील आ जहां-जहां खबर पहुंचल लोग आश्चर्यचकित रह गइल।

साभार: रॉयल बुलेटिन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]