[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: नगर पंचायतन में भाजपा के दबदबा, निर्दलिय दिहल लोग टक्कर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। नगर पंचायतन के मतगणना में सनीचर के भाजपा बाजी मार लेलस। पार्टी के सात नगर पंचायत अध्यक्ष चुनल गइल बा लो। ओहिजा निर्दलीय प्रत्याशी लोग जोरदार उपलब्धि हासिल कइले बा। ऊ लोगन के तीन नगर पंचायतन में जीत हासिल भइल बा। गोला बाजार में बसपा बाजी मरलस। ओने, नगर पंचायत अध्यक्ष के चुनाव में सपा के सूपड़ा साफ हो गइल।

भाजपा के ओर से सहजनवां में संजू सिंह, घघसरा में प्रभाकर दूबे, बड़हलगंज में प्रीति उमर, उनवल में महेश कुमार दुबे, पिपराइच में संजय मद्धेशिया, पीपीगंज में लक्ष्मण विश्वकर्मा आ चौमुखा में शिखा देवी कमल खिलवले बा लो।। चौरीचौरा के मुंडेरा बाजार में निर्दल सन्नी जायसवाल भाजपा प्रत्याशी सुनीता गुप्ता को 1315 मतन से पराजित कइलें। बांसगांव में निर्दल प्रिती सिंह बाजी मरली। उरुवा में काफी गहमागहमी के बीच निर्दल रामफेर कन्नौजिया झंडा गड़लें। गोला बाजार में बसपा के लालती देवी भाजपा प्रत्याशी किरन देवी के 2516 मतन से पराजित कइली। जहां निर्दल प्रत्याशी जीतल लो उहवों दूसरका नंबर पs भाजपा के प्रत्याशिये लोग रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]