Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: नगर पंचायतन में भाजपा के दबदबा, निर्दलिय दिहल लोग टक्कर

1,392

गोरखपुर। नगर पंचायतन के मतगणना में सनीचर के भाजपा बाजी मार लेलस। पार्टी के सात नगर पंचायत अध्यक्ष चुनल गइल बा लो। ओहिजा निर्दलीय प्रत्याशी लोग जोरदार उपलब्धि हासिल कइले बा। ऊ लोगन के तीन नगर पंचायतन में जीत हासिल भइल बा। गोला बाजार में बसपा बाजी मरलस। ओने, नगर पंचायत अध्यक्ष के चुनाव में सपा के सूपड़ा साफ हो गइल।

भाजपा के ओर से सहजनवां में संजू सिंह, घघसरा में प्रभाकर दूबे, बड़हलगंज में प्रीति उमर, उनवल में महेश कुमार दुबे, पिपराइच में संजय मद्धेशिया, पीपीगंज में लक्ष्मण विश्वकर्मा आ चौमुखा में शिखा देवी कमल खिलवले बा लो।। चौरीचौरा के मुंडेरा बाजार में निर्दल सन्नी जायसवाल भाजपा प्रत्याशी सुनीता गुप्ता को 1315 मतन से पराजित कइलें। बांसगांव में निर्दल प्रिती सिंह बाजी मरली। उरुवा में काफी गहमागहमी के बीच निर्दल रामफेर कन्नौजिया झंडा गड़लें। गोला बाजार में बसपा के लालती देवी भाजपा प्रत्याशी किरन देवी के 2516 मतन से पराजित कइली। जहां निर्दल प्रत्याशी जीतल लो उहवों दूसरका नंबर पs भाजपा के प्रत्याशिये लोग रहल।

545120cookie-checkGorakhpur News: नगर पंचायतन में भाजपा के दबदबा, निर्दलिय दिहल लोग टक्कर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.