[the_ad_group id="30365"]

अमित शाह शहीद पुलिसकर्मियन के दिहलें श्रद्धांजलि, कहलें- भुलावल नाइ जा सकsता बलिदान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह शुक्क के राष्ट्रीय पुलिस स्मारक पहुंचलें। पुलिस स्मृति दिवस के मौका पर ऊ ड्यूटी पर जान गंवावे वाले पुलिसकर्मियन के श्रद्धांजलि अर्पित कइलें। एह दौरान शाह कहलें, मातृभूमि के रक्षा खातिर जान गंवावे वाले पुलिस के जवान के बलिदान कब्बो भुलावल नाइ जा सकsता।
अमित शाह कहलें, आजु हमनीके देश हर दिशा में प्रगति करत दिखाई दे रहल बा। देशभर के पुलिस फोर्स अउर CAPF के 35,000 से ज्यादा जवान लोग देश के आंतरिक सुरक्षा अउर देश के सीमा के रक्षा करे खातिर आपन सर्वोच्च बलिदान दिहले बानें।
शाह आगे कहलें, देश के आंतरिक सुरक्षा में सकारात्मक बदलाव आइल बा। पहिले पूर्वोत्तर, कश्मीर अउर वामपंथी उग्रवाद प्रभावित क्षेत्र में बड़ घटनाएं होत रहल। पहिले सशस्त्र बल के विशेष अधिकार दिहल जाला। अब युवा लोग के उनकर प्रगति खातिर विशेष अधिकार दिहल जाला। पहिले पत्थर फेंकले में शामिल युवा अब सरकार द्वारा शुरू कइल गई विभिन्न विकास परियोजना में शामिल बानें। पीएम मोदी के विजन के तहत देश के आंतरिक सुरक्षा के मजबूत करे खातिर कई उपाय कइल गइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]