[the_ad_group id="30365"]

Amethi Accident News : पूर्वांचल एक्सप्रेसवे पs शव लेके आ रहल एंबुलेंस आ पिकअप के टक्कर, 5 के दर्दनाक मौत, 1 घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमेठी। पूर्वांचल एक्सप्रेसवे पs अतवार के सबेरे एगो भीषण सड़क हादसा में एंबुलेंस आ पिकअप के टक्कर हो गइल, एमे पांच लोगन के मवके पs मौत हो गइल, जबकि एगो आदमी गंभीर रूप से घायल हो गइल। हादसा सबेरे करीब 5:30 बजे बाजार शुकुल थाना क्षेत्र के चौरा गांव के लगे माइल स्टोन संख्या 59.70 पs भइल।

हादसा में एह लोगन के भइल मौत

  • राजकुमार शर्मा उर्फ सतीश शर्मा- निवासी: रामभद्रपुर, थाना कल्याणपुर, समस्तीपुर, बिहार
  • रवि शर्मा- निवासी: रामभद्रपुर, थाना कल्याणपुर, समस्तीपुर, बिहार
  • फुलो शर्मा- निवासी: रवि टोला, थाना हथौड़ी, समस्तीपुर, बिहार
  • आबिद (ड्राइवर)- निवासी: फिरोजपुर, जिला नूंह, हरियाणा
  • सरफराज (ड्राइवर)- निवासी: नालहर, हरियाणा

गंभीर घायल के जानकारी

  • शंभू राय- निवासी: पुरी नाही, थाना वारिस नगर, समस्तीपुर, बिहार

कइसे भइल हादसा?

सुरुआती जांच आ प्रत्यक्षदर्शियन के अनुसार तेज रफ्तार आ चालक के झपकी अइला के वजह से एंबुलेंस पिकअप के पीछे से जोरदार टक्कर मार देलस। टक्कर एतना तेज रहे कि एम्बुलेंस के परखच्चा उड़ गइल आ सब सवार अंदरे फंस गइल।

हादसा के सूचना पs DM संजय कुमार चौहान, SP अपर्णा रजत कौशिक, यूपीडा आ पुलिस के टीम तुरंत मवका पs पहुंचली s। शवन के बाहर निकालके पोस्टमार्टम खातिर भेजल गइल आ सड़क से दुनो वाहनन के हटाके यातायात बहाल कइल गइल। ममिला दर्ज कs के जांच सुरू कs दिहल गइल बा।

शव लेके कहां जात रहे एंबुलेंस?

अशोक शर्मा नाम के व्यक्ति के हरियाणा के फिरोजपुर में मृत्यु हो गइल रहे। उनका शव के उनका पैतृक गांव समस्तीपुर, बिहार ले जाइल जात रहे। एंबुलेंस में साथ चल रहल उनकर परिजन आ परिचित एह हादसा के शिकार हो गइल लोग।

Read Also: Kedarnath Helicopter Crash: गौरीकुंड के लगे दर्दनाक हादसा, 23 महीना के बच्चा सहित 7 के मौत, बचाव अभियान जारी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]