Kedarnath Helicopter Crash: गौरीकुंड के लगे दर्दनाक हादसा, 23 महीना के बच्चा सहित 7 के मौत, बचाव अभियान जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 15, 2025

उत्तराखंड। केदारनाथ यात्रा के दौरान बड़ हादसा भइल बा। अतवार के सबेरे करीब 5:30 बजे श्री केदारनाथ धाम से गुप्तकाशी जा रहल एगो हेलिकॉप्टर गौरीकुंड के लगे क्रैश हो गइल। हादसा में 23 महीना के

Share

उत्तराखंड। केदारनाथ यात्रा के दौरान बड़ हादसा भइल बा। अतवार के सबेरे करीब 5:30 बजे श्री केदारनाथ धाम से गुप्तकाशी जा रहल एगो हेलिकॉप्टर गौरीकुंड के लगे क्रैश हो गइल। हादसा में 23 महीना के मासूम सहित 7 लोगन के मौत हो गइल बा। हेलिकॉप्टर आर्यन एविएशन कंपनी के रहे। प्रारंभिक जानकारी के मोताबिक, खराब मौसम एह क्रैश के वजह बतावल जा रहल बा।

दुर्घटना के स्थान आ समय

ई दुर्घटना गौरीमाई खर्क के ऊपर जंगल में भइल, जहां नेपाली मूल के महिला घास काटत रहे लोग। उ लोग हेलिकॉप्टर गिरला के आवाज सुनके तुरंत स्थानीय प्रशासन के जानकारी दिहल।

हादसा में जवन 7 लोगन के मृत्यु भइल बा, ओकर नाम एह तरे बा :

  • राजकुमार जयसवाल
  • श्रद्धा जयसवाल
  • काशी जयसवाल (23 महीने का बच्चा)
  • तुष्टि सिंह
  • विनोद नेगी (स्थानीय निवासी)
  • विक्रम सिंह रावत (बीकेटीसी कर्मचारी)
  • कैप्टन राजीव (पायलट)

हादसा के वजह

प्रारंभिक जांच में घना कोहरा, कम विजिबिलिटी आ मौसम के खराबी के मुख्य कारण मानल जा रहल बा। मौसम विभाग पहिलही एह रूट पs भारी बादल आ तेज हवा के चेतावनी जारी कइले रहे।

रेस्क्यू ऑपरेशन में लागल टीम

SDRF, NDRF, पुलिस आ स्थानीय प्रशासन के टीम मवका पs पहुंच चुकल बाड़ी सs। रेस्क्यू ऑपरेशन जारी बा। शवन के घटनास्थल से निकाले आ ओह लोगन के पहचान के प्रक्रिया सुरू कs दिहल गइल बा। शव बुरा तरे जलल पावल गइल।

मुख्यमंत्री पुष्कर सिंह धामी हादसा पs गहिराह शोक व्यक्त कइलें बाड़ें। उ सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ‘X’ पs लिखलें: “रुद्रप्रयाग में हेलीकॉप्टर दुर्घटना के खबर बहुते दुखद बा। सब यात्रियन के सकुशलता के कामना करत बानी। राहत आ बचाव दल मवका पs पहुंच चुकल बा।”

केदारनाथ रूट पs बढ़ रहल बा हादसा

ई पहिला हादसा नइखे। एकरा पहिले 7 जून के क्रिस्टल कंपनी के हेलिकॉप्टर में तकनीकी खराबी के चलते रुद्रप्रयाग-गौरीकुंड हाईवे पs इमरजेंसी लैंडिंग करावे के पड़ल रहे। हेलिकॉप्टर के टेल क्षतिग्रस्त हो गइल रहे।
8 मई के उत्तरकाशी के गंगनानी क्षेत्र में एगो हेलिकॉप्टर क्रैश भइल रहे, जेमे पायलट सहित 6 लोगन के मौत भइल रहे।

Read Also: UP News: नवचयनित 60,244 सिपाहियन के सीएम आज दिहें नियुक्ति पत्र, अमित शाह रहिहें मवजूद, सीएम कइलें निरीक्षण

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.