[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर जेल से रिहा भइल अमेरिकी नागरिक, बोललस… धन्यवाद प्रशासन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

यूपी के गोरखपुर के जिला जेल में बंद अमेरिकी बंदी स्काट बायड क्नोक्स (60) के बुध के दिने जेल से रिहा कs दिहल गइल. महाराजगंज पुलिस उनुका के डिवीजनल जेल में रिहाई के औपचारिकता पूरा कs के दुपहरिया 12 बजे उनुका के अपना संगे ले गईल। जब तक एग्जिट कार्ड ना आई तब तक स्कॉट बॉयड महाराजगंज में पुलिस के देखरेख में रहीहे। जब एग्जिट कार्ड आई तs पुलिस टीम ओकरा के दिल्ली ले जाई। जहाँ अमेरिकी दूतावास के मदद से उनुका के वापस अपना घरे भेज दिहल जाई. रिहाई के बाद उs जेल प्रशासन के भी हिंदी में धन्यवाद देले।

जेल प्रशासन के मुताबिक, अमेरिकी नागरिक स्कॉट बॉयड 26 जून 2015 के भारत आईल रहले। 2016 में वीजा खतम होखला के बाद भी देश ना छोड़ले। 3 जून 2022 के स्काट बायड बिहार के रक्सौल सीमा से नेपाल जाए के कोशिश कईले, बाकिर उनुका के वापस कs दिहल गईल। उs 15 जून 2022 के सांझ के सोनौली सीमा पs पहुंचले। अधिकारी लोग के पासपोर्ट देखवलस जवना पs 6 जून 2022 के मुंबई पहुंचे के मुहर लागल रहे। शक होखला पs इमिग्रेशन अधिकारी जांच कईले अवुरी स्कॉट बॉयड के धोखाधड़ी के खुलासा भईल।

इमिग्रेशन अधिकारी के शिकायत पs मामला दर्ज कईला के बाद महाराजगंज जिला के सोनौली थाना उनुका के जेल भेज देलस। बाद में कमर दर्द के शिकायत के बाद उनुका के बीआरडी मेडिकल रेफर कs दिहल गईल अवुरी ओकरा बाद से उs गोरखपुर जेल में रहले। अबे कुछ दिन पहिले उनुकर दोस्त जुर्माना के 90 हजार रुपिया देले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]